जसपा कार्यकर्ता द्वारा राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के बिरुद्ध प्रदर्शन

मेवालाल यादव

रौतहट ०९ फागुन,

जनता समाजवादी पार्टी नेपाल रौतहट के कार्यकर्तालोग राष्ट्रपति विद्या देवी भण्डारी आ प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से कईल संसद विघटन बिरुद्ध मे आजु एतवार के सँझिया ४ बजे रौतहट के हरेक नगर मे नगर स्तरीय विरोध प्रदर्शन कईले बा ।

पुस ५ गते के कायम रहल संघीय संसद विघटन कईल विरुद्ध मे पार्टी केन्द्रिय कार्यालय से निर्धारण कईल कार्जक्रम अन्तर्गत (जसपा) पार्टी के कार्यकर्तालोग पुलीस के चुनौती देत राष्ट्रपति आ प्रधानमन्त्री के बिरुद्ध विरोध प्रदर्शन कईले बा ।

घोषित कार्जक्रम सम्पन्न करे खातिर जसपा नेपाल के नेताकार्यकर्तालोग द्वारा रौतहट के स्थानीय तह बौधिमाई नगरपालिका, परोहा नगरपालिका, राजपुर नगरपालिका, इशनाथ नगरपालिका, माधोनारायन नगरपालिका आ देवाहि गोनाहि नगरपालिका स्थित जगहा जगहा मे विघटन विरूद्ध प्रदर्शन कईल बा ।

कार्जक्रम मे जसपा के नेता तथा कार्यकर्तालोग भेला भईल रहलन आ पुलीस बिरोध प्रदर्शन करे ना देवेके उदेश्य से अईला पर भी कार्यकर्तालोग कार्जक्रम सफल बनवले बाडन ।

पहिले से तइयारी करके राखल विरोध कार्जक्रम मे जसपा के युवा नेता श्याम विहारी यादव, मो. सकिक अकतर, नगर प्रमुख राजु यादव पुलीस खटल जगहा से कुछ दुरी मे नारावाजी सहित प्रदर्शन कईले रहलन ।

विरोध प्रदर्शन के बाद आयोजना कईल बिरोध सभा मे जनता समाजवादी पार्टी के प्रदेश सांसद रामकिसोर यादव खुन बहाके लियावल संघीय गणतन्त्र के नेकपा सरकार से समाप्त करेके सड्यन्त्र पुर्वक संसद विघटन कईल आरोप लगवनी ।

झापा काण्ड के मुख्य योजनाकार केपी ओली जईसन आदमी के नेपाली जनता आपन बहुमुल्य मतदान करके प्रधानमन्त्री बनावला के चलते हि आजु के दिन मे देश अन्धकार के रास्ता ओरी गईल बा कहत यादव अरोप लगवनी ।

नेता यादव आन्दोलन के बल आईल संघियता खतरा मे रहला से जनता समाजवादी पार्टी रक्षा के खातिर आन्दोलन मे उतरल बतवनी । कम्युनिस्ट पार्टी संघियता खारेज करेके सोंच लेहला से कउनो भी हालत मे उ पुरा ना होखेके ठोकुवा कइनी ।

जसपा के नगर प्रमुख राजु यादव सताधारी नेकपा के आन्दोलनकारी समर्थन आ सुरक्ष सहित गाडीसब के काठमाण्डु तक पुगावेवाला पुलीस प्रशासन मधेशी दल के आन्दोलन हस्तक्षेप करेके मेयर यादव बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद तथा क्रान्तकारी नेता रामकिसोर यादव, जिल्ला उपसभापति राम आशिष यादव, देवाही गोनाही नगरपालिका के नगर प्रमुख धर्मेन्द्र पटेल, युवा नेता मो .सकिल अकातर, सोभा देवी कन्थमुनी जैसवाल, लिला साह, विधायक परित्यासी जिल्ला इन्चार्ज बृज यादव, जसपा के प्रदेश सदस्य शोभा देवी, नगर अध्यक्षलोग, भातृसंगठन के पदाधिकारीलोग, नेता मुखिया इश्वरी यादव, युवा नेता श्यामबिहारी, अनिल, राजकुमार दास, कौशल खान, महेश, किशनन्दन, पुनप्रताप, विष्णु आ महिला नेतृ राधा साह लगायत के नेता तथा कार्यकार्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।