नेविसंघ वीरगंज महानगरपालिका के मेयर सरावगी के ज्ञापनपत्र बुझवलख

वीरगंज ०९ फागुन
नेपाल बिद्यार्थी नेविसंघ के जिल्ला सभापति बिश्वास द्विवेदी वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी के अनेकन माग सहित ज्ञापन पत्र बुझवले बानी ।
बीरगंज महानगर भितर बसन्त ऋतु के आगमन सँगे बढत गईल मोछड के प्रकोप से जन जीवन आक्रान्त भईल उपर नेपाल बिधार्थी संघ के गम्भीर ध्यानाकर्षण भईला से मोछड के चलते डेङ्गु मलेरिया महामारी फईलेके खतरा रहल विज्ञप्ति मे जनावल गईल बा ।
बिद्यार्थी आ आम जनसमुदाय लगायत के सभी के पीडा होखेवाला भईला से वीरगंज महानगरपालिका के ई समस्या समाधान करे खातिर निहोरा कईल गईल बा ।
कार्जक्रम मे नेबिसंघ के जिल्ला कार्य समिति के उपसभापति जीतेन्द्र मिश्रा, विकेश पटेल, सह सचिव इन्द्रषण यादव, जिल्ला सदस्य कृष्णा दास, अमित सोनी, प्रशान्त गुप्ता, नेबि संघ के ईकाई दीपक पटेल, सरोज पटेल, कारण साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






