नेपाल भारत सिमा नाका खुलावे के माग करत यादव सुरु कईलें आमरण अनसन

वीरगंज १० फागुन

नेपाल आ भारत बीच रहल संन्तगन्ज सिमा नाका खुलावे के स्थानिय ज्ञानचन्द्र प्रसाद यादव आमरण अनसन सुरु कईले बाडन ।

सुवर्ण गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ संन्तगन्ज नाका मे ८ गते से आमरण अनसन सुरु कईल तिसरका दिन भईल बा । नेपाल आ भारत बीच शदियो से चलत आईल रोटी बेटी के सुमधुर सम्बन्ध के चलते दुनु ओरी के बोर्डरसब मे सहज आवतजावत के खातिर कउनो अवरोध रहल ना रहे । माकिर कोभिड १९ के संक्रमण संसार मे तेजी से फईले लागला के बाद नेपाल आ भारत के सिमासब बन्द कईल रहे ।

कोभिड १९ नियन्त्रण उच्च स्तरिय बईठक से कुछ नाकासब खोलेके निर्णय कईला पर भी संन्तगन्ज नाका ना खोलला से ई क्षेत्र के नागरिकलोग के बहुते समस्या भोगेके पडल ककहत खुद आमरण अनसन बईठल यादव बतवनी । एकरा से पहिले माघ २४ गते से २७ तक जारी रिले अनसन हो रहल प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल, सुरक्षा निकाय के प्रमुखलोग, स्थानिय तह के प्रमुखलोग सँगे सर्वपक्षिय रुप मे बार्ता करके १० दिन मे नाका खोलावे के सहमति कईला पर भी ओकरा के बेवस्ता करत नाका ना खोलला के बाद ई क्षेत्र के बासिन्दालोग के ईलाज करावे खातिर, खधान्य लगायत आउर सामानसब किनमेल करेमे भी समस्या होखे लागला के बाद आमरण अनसन बईठल यादव बतवनी ।

निरंकुस राजतन्त्र के बिरोध मे, २०३६ साल के जनमत संग्रह, पंन्चयात के बिगेके अभियान मे सहभागी होके लोकतन्त्र के खातिर काम करत २०४२ साल के बमकान्ड मे भी मुद्धा लगईला पर तनको भी बिचलित ना होके नेपाली जनता के खातिर आपन ज्यान हथेली मे राख के अगाडि बढल स्वतन्त्रता सेनानी यादव नागरिक के खातिर आमरण अनसन बईठल सराहनिय काम भईल स्थानिय बिनोद गिरी बतवनी ।

एहितरे संविधानसभा सदस्य डा. शोभाकर पराजुली आमरण अनसन स्थल संन्तगंज पुग के ऐक्वद्धता प्रकट करत यादव के जीवन रक्षा के सरकार से माग कइनी । जलदी से जलदी यादव के जायज माग के सम्बोधन ना कईला पर ओकरा से सृजित समस्या के सभी जिम्मा सरकार के हि होखेके बात मे नेता पराजुली जोड देहनी । सभी राजनितिक दल आ जनप्रतिनिधी आ जनता के ध्यान जाओ कहके उ निहोरा भी करत आमरण अनसन ना बईठेवाला बतावरण जलदी मिलावे खातिर माग कइनी ।

आमरण अनसन मे ऐक्वद्धता जनावत बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास यादव के जीवन रक्षा के खातिर स्थानिय प्रशासन, जननिर्वाचित प्रतिनिधीलोग के ध्यान पुगल जरुरी रहल बात मे जोड देहनी । ई बारेमे प्रदेश २ के मुख्यमन्त्रि लालबाबु राउत गद्दी यादव से सुरु कईल आमरण अनसन के बिषय मे खुद सम्बेदनशिल रहल बतावत पहल करेके जानकारी देहनी ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल से बुझला पर स्थानिय स्तर मे रहल समस्यासब के समाधान करे खातिर एवं बेमारी मे, बियाह के खातिर गाडीसब जाए देवे खातिर भी सिमा मे खटल सशस्त्र पुलीस के निर्देशन देहल बतावत पुर्णरुप मे नाका खुलावे खातिर आपन स्तर से होखेवाला काम अगाडि बढावल बतवनी ।

अनसन मे नेपाल मानव अधिकार संगठन के केन्द्रिय सदस्य सिकेन्द्र पासवान, पत्रकार महासंघ के जिल्ला कार्यसमिति सदस्य पनालाल दास, नेपाली काँग्रेस के नेतालोग मदन सिह, हरिलाल दास लगायत ऐक्वद्धता जनवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।