संसद विघटन बदर कईल सर्वोच्च के ऐतिहासिक फैसला स्वागतयोग्य : नेकपा पर्सा

वीरगंज ११ फागुन
प्रतिनिधिसभा विघटन बदर करेके सर्वोच्च अदालत के ऐतिहासिक फैसला से जनता के जीत भईल नेकपा पर्सा जनवले बा ।
नेकपा के पर्सा जिल्ला इन्चार्ज रामचन्द्र साह आ जिल्ला सचिव विजय महतो संयुक्त रुप मे प्रेस विज्ञप्ती जारी करत सर्वाेच्च अदालत के निर्णय से संविधान के रक्षा आ जनता के जित भईल बतवले बाडन ।
जारी विज्ञप्ती मे संविधान के प्रावधान के उलटा प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से कईल प्रतिनिधिसभा विघटन प्रतिगमनकारी रहे ।
सम्मानित सर्वोच्च अदालत संवैधानिक अपेक्षा आ जनभावना मुताविक बहुते प्रशंसनीय आ ऐतिहासिक फैसला सुनाके लोकतन्त्र के रक्षा कईला मे सर्वोच्च अदालत उपर आभार व्यक्त कईल बा ।
साथे विज्ञप्ती मार्फत सभी नेपाली जनता, आन्दोलन मे उतरल राजनीतिक दललोग, नागरिक समाज, पत्रकार के हार्दिक धन्यवाद भी व्यक्त कईल बा ।
एहितरे, नेकपा के वीरगंज महानगर सचिव मनोज चौधरी सर्वाेचच्च अदालत के संसद पुर्नस्थापना के निर्णय से न्यायलय उपर विश्वास बढल बतवले बाडन । उ सर्वाेच्च के न्यायसंगत निर्णय से संविधान के रक्षा आ जनता के जित भईल प्रतिक्रिया देहनी ।






