सर्वोच्चद्धारा संसद पुर्नस्थान के निर्णय कईल खुशियाली मे पर्सा, बारा मे दीप प्रज्वलन

वीरगंज ११ फागुन
सर्वाेच्च अदालत से कईल संसद पुर्नस्थान के निर्णय के खुशियाली मे वीरगंज मे दीप प्रज्वलन कईल बा ।
नेकपा प्रचण्ड–माधव समुह निकट राष्ट्रिय युवा संघ आ अनेरास्ववियू पर्सा के आयोजना मे मंगर के सँझिया वीरगंज के घण्टाघर मे दीप प्रज्वलन कईले बा ।
दीप प्रज्वलन मे सहभागि नेकपा के नेतालोग सर्वाेच्च अदालत के निर्णय एतिहासिक भईल कहत संविधान के रक्षा भईल बतवले बाडन ।
उ अवसर मे बोलेवाला वक्तालोग सर्वाेच्च के संसद पुर्नस्थापना के निर्णय से संघिय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के रक्षा भईला के साथे जनता के जित भईल बतवले बाडन ।
अनेरास्ववियू के केन्द्रिय सदस्य जुबेर आलम के अध्यक्षत मे भईल दीप प्रज्वलन कार्जक्रम मे प्रदेश किमिटी सदस्य छोटेलाल यादव, रामदरश कुशवाहा, रामबाबु बैठा, जिल्ला सदस्य प्रभाकर गुप्ता, समिर आलम टुनटुन तिवारी, सुरेन्द्र गुप्ता, युवा संघ के केन्द्रिय सदस्य अरुण यादव, अनेरास्ववियू के केन्द्रिय सदस्य शिवम साह, युवा संघ के वीरगंज महानगर अध्यक्ष उमेश ठाकुर लगायत के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन युवा संघ के नगर इन्चार्ज पिन्टु रौनियार कईले रहलन ।
बारा जिल्ला के कलैया उपमहानगरपालिका के भरत चौक मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी प्रचण्ड–नेपाल समुहत मैनबती बारके खुसी मनवले बा ।
सम्मानित सर्वोच्च अदालतले आजु संसद पुनःस्थापना करेके फैसला के स्वागत करत नेकपा के नेता कार्यकर्तालोग कलैया मे मैनबती बारल जनावल गईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के नेकपा अध्यक्ष जवाहिर अंसारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जिल्ला कमिटी सदस्य मुकेश साह, महम्मद समिउल्लाह, रमेश साह, धुर्ब यादव, बिक्रम ठाकुर, आबिद हुसैंन अंसारी, अगुवा कार्यकर्ता बैधनाथ साह, अरुण खनाल, नरेश मोदक, बिनोद गुप्ता, अजित कर्ण, बिद्यार्थी नेता इमरान आलम, संदिप यादव, राज खान लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।
एहितरे जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे क्षेत्र बहदुर श्रेष्ठ के अध्यक्षता मे, प्रसौनी गाँवपालिका मे सरोज साह के नेतृत्व मे, देवताल गाँवपालिका मे राजकुमार सहनी, कोलहबी नगर पालिका लगायत के पालिकासब मे संसद पुनःस्थापना के स्वागत करत दिप प्रजलन भईल जनावल गईल बा ।






