अदाल के फैसला के स्वागत

प्रभु यादव
बारा १२ फागुन
अदालत के फैसला के स्वागत करत नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी आ जनता समाजबादी पार्टी बारा कलैया मे बिजय जुलुस कईले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ रामजानकी मठ से निकलल बिजय जुलुस सम्मानित अदालत जिन्दावाद , ई जित केकर जनता के लगाएत के नारा लगावत नगर परिक्रमा करत बारा जिल्ला अदालत के सम्मानित करत फुलमाला गेट मे लगा के भरत चौक मे बिजय सभा के आयोजना कईले बा ।
बिजय जुलुस के सभा जसपा के बारा अध्यक्ष अजय पटेल सभापतित्व मे भईल जवना मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी प्रदेस कमिटि सदस्य प्रभु यादव आ सजपा के रामकिशोर यादव आपन आपन बात राखले रहनी ।
बिजय जुलुस मे जनता समाजबादी पार्टी के केन्द्रिय सदस्य तथा बारा क्षेत्र ३ के प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु कुमार यादव, क्षेत्र नम्वर २ के प्रतिनिधि सभासदस्य रामसहाय यादव, संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, रमेश यादव आ नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी बारा जिल्ला कमिटी सदस्य जवाहिर अंसारी,रमेश साह, धुर्ब यादव, आबिद अंसारी, युवा नेता बैधनाथ साह, रमोद यादव, संदिप यादव, इमरान आलम लगाएत के लोग सहभागी रहल रहनी ।
बिजय जुलुस सभा कार्यक्रम के संचालन नेकपा के जिल्ला कमिटी सदस्य मुकेश साह कईले रहनी ।






