वीरगंज मे एम्स के शाखा स्थापना करे खातिर सांसद यादव के निहोरा

वीरगंज १५ फागुन
पर्सा के सांसद प्रदीप यादव वीरगंज मे ‘अल इण्डिया इन्टिच्युट अफ मेडिकल साइन्स’ (एआइएमएस) अस्पताल के शाखा स्थापना करे खातिर भारत सरकार से निहोरा कईले बानी ।
भारत के दिल्ली मे शनिचर के दिने भारत के केन्द्रीय स्वास्थ्य तथा परिवार कल्याणमन्त्री डा हर्षबर्धन से भेट करके ज्ञापनपत्र बुझावत सांसद यादव, आधुनिक ईलाज के खातिर विश्व मे चिन्हाईल एम्स अस्पताल के शाखा वीरगंज मे भी स्थापना करे खातिर निहोरा कईले बानी ।
दिल्लीस्थित भारतीय स्वास्थ्य मन्त्रालय मे शनिचर के दिने उहाँ के स्वास्थ्यमन्त्री डा हर्षबर्धन सँगे भईल भेटवार्ता मे सांसद यादव अईसन निहोरा कइले बानी ।
वीरगंज मे एम्स अस्पताल स्थापना भईला पर नेपाल के तराई मधेस आ भारतीय सीमावर्ती क्षेत्र के जनता से अत्याधुनिक ईलाज आ स्वास्थ्य सेवा मिलेके कहत यादव एकरा खातिर प्रदेश २ सरकारभी सहकार्य करेके बतवनी ।
जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के केन्द्रीय सदस्य भी रहल सांसद यादव अभी के संकटपूर्ण अवस्था मे भारतीय सरकार १० लाख डोज, कोरानो के खोप सहायता स्वरुप प्रदान कईला मे धन्यवाद भी देहनी ।
भेटवार्ता मे सांसद यादव सँगे रहल भारत के मुजप्फरपुर लोकसभा के सांसद अजय निषाद भी वीरगंज मे एम्स हस्पिटल के शाखा स्थापना कईला पर नेपाल आ भारत के लाखो सिमावर्ती जनता ईलाज के खातिर दिल्ली जाएके बाध्यता ओराएके बतवनी ।
भारतीय सतारुढ दल बिजेपी के बिहार प्रान्त उपाध्यक्ष भी रहल सांसद निषाद भी वीरगंज मे एम्स अस्पताल के शाखा स्थापना के खातिर विशेष पहल करे खातिर भारतीय स्वास्थ्यमन्त्री हर्षबर्धन के निहोरा कइनी । जवाफ मे भारतीय स्वास्थ्यमन्त्री हर्षबर्धन नेपाली जनता के खातिर भारत सरकार आ खुद से होखेवाला सकेभर सहजोग करेके आश्वासन देहनी ।






