कलैया बजार मे मास के विक्री घटल व्यापारी लोग करहल ग्राहक के ईन्तजार

प्रभु यादव

बारा १६ फागुन

बारा के सदरमुकाम कलैया मे मास मछली के विक्री घटल बा । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ मे रहल बजार मे ग्राहक सब ना गईला से व्यापारी लोग ईन्जार कईल सुरू कईले बाडन ।

मासु व्यवसायी संघ बारा के अध्यक्ष भोला अंसारी पहिले एक दिन मे एक व्यापारी पाँच गो से १० गो तकले खसी काटत रहलन माकिर तीन दिन से दु गो चार गो कटा रहल बा जनकारी करावले बानी । जेजे व्यापारी के होटलवाला मास लेवेला उ लोग के चार भा पाँच गो काट रहल अध्यक्ष अंसारी जानकारी करावले बानी ।

कलैया के आसपास से हिन्दु लोग के महान पवनी शिवरात्री मे जल चढावेला कवरीया बाबा निकलला से घर परिवार मे सकहारी भोजन बनेला जवना के कारण मास मछली के विक्री घट गईल अध्यक्ष अंसारी जनकारी करावले बानी । ग्राहक किने अईवे ना करी तब विक्री घटला से कुछ व्यापारी के मर्का परल अंसारी जनकारी करावले बानी । करीब १५ दिन के हराहारी मे मास के विक्री मे मन्दी होई अंसारी जनकारी करावले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ कलैया के रहनियार गौरीशंकर यादव फागुन के कृष्ण पक्ष पावन महिना भईला घर घर से भगवान शिवजी के भक्त लोग कावरीया बाबा मे निकलेला आ उनकर घर परिवार आउरी परोसी लोग सकहारी भोजन खाला ओकरा से बजार मे मास मछली के विक्री मे कमी भईल हो सकेके बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।