नेपाल परिवार दल बारा कवरीया बाबा लोग के समान सहित कईलख विदाई

प्रभु यादव

बारा १६ फागुन

बारा के देवताल गाँवपालिका मे नेपाल परिवार दल बोलबम कवरीया बाबा लोग के समान सहित विदाई कईले बा ।

वार्ड नम्वर ४ आ ५ के ब्रह्म बाबा स्थान होके आईल सत्यनारायण गिरी कवरीया के अगुवाई मे २५ जने कवरीया बाबा लोग के फुल माला आ गमछा लगा के नेपाल परिवार दल बारा शाखा के अध्यक्ष रामचन्द्र चौधरी विदाई कईले बानी । कवरीया बाबा लोग हजारी कफला बारा के अगुवाई मे चितवन के देवघाट से जल भर के बारा के सहजनाथ महादेव मन्दिर मे शिवरात्री के दिन जल चढावेला ११ दिन खातिर प्रस्थान कईले बा ।

कवरीया बाबा समान कार्जक्रम देवताल गाँवपालिका स्तरीय नेपाल परिवार दल के संयोजक कनक चौधरी के अगुवाई मे भईल जवना मे गान्धी सहनी, रामपुकार प्रसाद साह जिल्ला सदस्य, शिक्षक दिलिप चौधरी लगायत के उपस्थिती रहल जिल्ला सदस्य रामबाबु साह सोनार जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।