बारा मे सडक के काम रूकल एक हप्ता भितर सुचारु करे खातिर सरोकारवाला से निर्देशन

प्रभु यादव

बारा १६ फागुन

जिल्ला प्रशासन कार्यलय बारा मे एतवार के दिन बईठल बईठक मे बहुते सडक के निर्माण काम रूकल बा जवना के एक हप्ता भितर काम अगाडि बढावेला निर्देशन कईले बा ।

बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपक राज नेपाल के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से निर्णय कईले बा । कलैया – मझौलिया–जैतापुर सडक, भोडहा–खम्वा–दोहरी सडक, कलैया दोहरी सडक, मोतिसर फेटा बजार बरैनिया पुल होते बिरगंज तक पुगेवाला सडक आ बनजरिया पुल निर्माण, निर्माण कार्य जल्दीही से जल्दी एक हप्ता भितर सञ्चालन करे खातिर आदेश दिहल गईल बारा के निर्वाचन क्षेत्र ३ के प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु कुमार यादव के स्वकीय सचिव कमलेश मण्डल जनकारी करावले बानी ।

बईठक के प्रतिनिधि सभा सदस्य यादव, इ.डि. हेटौंडा के गिरिभानन्दन पारस, डि.प्र.स.डि.हेटौंडा के खडकलाल श्रेष्ठ, कन्ट्रकशन के ठेकेदार लोग सब लगायत के उपस्थिति रहल रहे कहके स्वकीय सचिव मण्डल जनकारी करावले बानी । मानवत मटिअर्वा सडक के काम के प्राथमिक्ता मे राखके प्रतिनिधि सभा सदस्य यादव पहल करहल बानी आ जलदीही उ रास्ता के काम सुरु होखे के प्रतिबद्धता जाहेर कईले बानी मण्डल जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।