पर्सा मे गाँजा सहित दु जने पकडईलें

वीरगंज १७ फागुन
लागूऔषध गाँजा सहित पुलीस पर्सा से एक जनानी सहित दु जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे मकवानपुर के राक्सीराङ गाँवपालिका–८ के सुकराम तामाङ आ उहे जगहा के १९ बरीस के अस्मिता तामाङ रहल बाडन ।
पर्सागढी नगरपालिका–९ स्थित बडेर्वा से एकटाँगा ओरी जाएवाला कच्ची सडक मे शंकास्पद तरिका से पैदल चल रहल अवस्था मे उलोगके देह चेकजाँच कईला पर प्लाष्टिक से लपेटल २–२ किलो गाँजा मिलल पुलीस जनवले बा ।
पकडाईल दुनु जने उपर आउर अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा । उलोग के आर्थिक प्रलोभन देके मकवानपुर से पर्सागढी गाँजा लियावे लागल आदमी के पहिचान भइल आ उनकर खोजी काम हो रहल पुलीस नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल बतवनी ।






