महाशिवरात्रि मेला खातिर गहुँ खेती नोक्सान कईल गलत बा : स्थानियलोग

मेवालाल यादव

रौतहट १८ फागुन

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) ओली समूह के स्थायी कमिटी सदस्य एवम् शहरी विकासमन्त्री प्रभु साह महाशिवरात्रि मेला लगावे खातिर किसान से रोपल गहुँ बाली मे डोजर लगवले बाडन ।

रौतहट जिल्ला के मौलपुर गाँव मे फागुन २७ गते महाशिवरात्रि के उपलक्ष्य मे बडका मेला लगावे खातिर करिब पाँच विगहा मे रोपल गहुँ नोक्सान कईल गईल बा । एक स्थानीय पत्रकार के मुताविक मन्त्री साह मेला लगावे के कहत कैयन किसान के शुरु मे बाली लगावे ना देत रहलन । उ पत्रकार कहनी, ‘उ किसानलोग के जमिन खाली राखेके कहले रहलन आ जे जबर्जस्ती बाली लगईलें उनकर खेत मे डोजर लगवले बाडन ।’

राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी से मेला उदघाटन करावेके तईयारी रहल जनावल गईल बा । उ मेला मे भारत से भोजपुरी सिनेमा के कलाकारलोग भी लियावे के तईयारी हो रहल स्थानीयलोग बतवले बाडन । ‘नष्ट भईल बाली के मुआब्जा देवेके कहल गईल बा । माकिर उ मुआब्जा उपर किसानलोग सन्तुष्ट नईखन’ उहाँ के किसानलोग कहेलन, ‘एक कट्ठा मे चार से पाँच मन के हिसाब से उत्पादन होत रहे माकिर कठ्ठा के पच्चिस रोपेया देवेके कहले बाडन, हमनी बहुते समस्या मे पडल बानी । एतना मेहनत के साथ खेती लगावल गईल रहे माकिर एगो मेला लगावे खातिर बाली मे डोजर लगाके हमनी उपर अन्याय कईल गईल ।’

स्थानीय किसानलोग के मुताविक मेला लगावे खातिर आउर भी जमिनसब खाली राखल बा । माकिर उहाँ मेला ना लगाके खेती कईल जगहा मे आके डोजर लगावल गईल किसानलोग सिकाईत कईले बाडन । एक जनानी किसान कहली, ‘मन्त्रीज्यू घर मे आके कहनी कि महाशिवरात्रि मे मेला लागी, ओमे बाली ना लगाई, हमनी मन्त्री से कहल जगहा मे बाली ना लगवनी माकिर उहाँ मेला ना लगाके एने लगावल जा रहल बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।