दलित विकास समिति के पदाधिकारी के मिलल नियुक्ति

जनकपुरधाम १९ फागुन

प्रदेश २ सरकार कुछ दिन पहिले गठन कईल दलित विकास समिति के पदाधिकारी के आजु नियुक्ति पत्र देहले बा ।

समाजिक विकास मन्त्रालय से आयोजना कईल एगो कार्जक्रम के बीच मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत उलोग के नियुक्ति पत्र देहले रहनी ।

उ अवसर मे बोलत मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश के १८ प्रतिशत दलित समुदाय के पहिचान आ अधिकार संरक्षण करे खातिर सरकार दलित सशक्तीकरण ऐन बनावल बतवनी ।

दलित विकास समिति के हरसम्भव सहजोग करेके बतावत उ तत्काल काम अगाडि बढावे खातिर नियुक्त भईल पदाधिकारी के निर्देशन भी देहनी ।

प्रदेश सरकार कुछ दिन पहिले दलित विकास समिति के उपाध्यक्ष मे रामप्रवेश बैठा तथा सदस्यलोग मे सेबकी देवी दास, श्यामसुन्दर सरदार, राजकुमार दास तत्मा आ सुनिता मरिक के नियुक्त कईले रहे ।

समिति के अध्यक्ष भी रहल समाजिक विकास मन्त्री नवल किशोर साह नवनियुक्त पदाधिकारी आ सदस्य के शुभकामना देत सरकार से हरसम्भव सहजोग करेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।