सरकार आ चन्द समूहबीच सहमति शुक के दिने विस्तृत विवरण आई

काठमाण्डु, २० फागुन

नेपाल सरकार आ नेत्रविक्रम चन्द समूहबीच संवाद के माध्यम से सभी राजनीतिक विषय के समाधान करेवाला किसिम से तीनबुँदे सहमति भईल बा । सरकारी वार्ता टोली के संयोजक गृहमन्त्री रामबहादुर थापा आ चन्द समूह के वार्ता टोली के संयोजक खड्गबहादुर विश्वकर्मा आजु संयुक्त विज्ञप्ति जारी करके सहमति भईल पत्र सार्वजनिक कइनी ।

उ सहमति सँगे चन्द समूह के सभी गतिविधि शान्तिपूर्णरूप मे सञ्चालन होखेके आ सरकार के ओरी से उनकर गतिविधि उपर लगावल प्रतिबन्ध फुकुवा भईल बा । विज्ञप्ति मे नेपाल सरकार से उ समूह उपर लगावल गईल प्रतिबन्ध हटावे के, सभी बन्दी के रिहाइ करेके आ मुद्दा खारेजी करेके उल्लेख बा ।

सहमति के विस्तृत विवरण शुक के दुपहरिया २ बजे विशेष समारोह के बीच सार्वजनिक करेके सहमतिपत्र मे उल्लेख बा । उ समारोह के प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली आ चन्द समूह के ओरी से महासचिव चन्द सम्बोधन करेके कार्जक्रम बा ।

एकरा से पहिले बुध के दिने वार्ता टोली बीच प्रधानमन्त्री निवास बालुवाटार मे चरणबद्धरूप मे संवाद भईल रहे । सरकार के ओरी से गृहमन्त्री थापा आ चन्द समूह के ओरी से विश्वकर्मा के संयोजकत्व मे मंगर के दिने अलगअलग वार्ता समिति सार्वजनिक भईल रहे । सरकारी ओरी से वार्ता टोली सदस्य मे प्रधानमन्त्री के परराष्ट्र सल्लाहकार डा राजन भट्टराई आ चन्द समूह के ओरी से दीपक चलाउने रहनी । सरकार हिंसात्मक गतिविधि सञ्चालन कईल जनावत विसं २०७५ फागुन २८ गते उ समूह के गतिविधि सञ्चालन मे रोक लगवले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।