चलचित्र पत्रकार संघ नेपाल के पर्सा शाखा गठन

वीरगंज २० फागुन

चलचित्र पत्रकार संघ नेपाल के पर्सा जिल्ला शाखा गठन भईल बा । पत्रकार निलिमा पौडेल के अध्यक्षता मे ११ सदस्यीय तदर्थ समिति गठन भईल बा ।

होटल कुमु प्यालेस मे आयोजना कईल एगो कार्जक्रम के बीच गठित कार्यसमिति के उपाध्यक्ष मे विवेक कर्ण, सचिव मे सूर्यनारायण वि.क., सहसचिव मे प्रणय साह, कोषाध्यक्ष मे समिना रञ्जितकार, सदस्यलोग मे क्रमश सोनम गौतम, रश्मिराज भण्डारी, शम्भु कुमार सुमन, जय यादब, रन्जित यादब आ एञ्जल चौधरी रहल बाडन ।

चलचित्र पत्रकार संघ नेपाल पर्सा शाखा गठन कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि चलचित्र पत्रकार संघ नेपाल के केन्द्रिय महासचिव समिर बलामी वीरगंज मे नेपाली चलचित्र के बजार आउर क्षेत्र से कम भईला से ई समिति चलचित्र के बजार बढावे मे सहजोग करेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

देश के आर्थीक एवम् व्यापारिक हब के रुप मे परिचित वीरगंज मे चलचित्र के सम्भावनासब भईला पर भी राज्य के नजर से उपेक्षा मे पडल बतावत इहाँ के कला प्रतिभा तथा संस्कृति के प्रवद्र्धन एवम् संरक्षण करे खातिर संघ से भुमिका खेलेके बात मे जोड देहनी ।

चलचित्र पत्रकार के इतिहास से वर्तमान अवस्था के बारे मे चर्चा करत महासचिव बलामी संघ के सक्रियता के चलते चलचित्रकर्मीलोग के नजर वीरगंज मे पडेके अवस्था आ सकेके बतवनी ।

उ अवसर मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा, चलचित्र निर्माता एवम् होटल तथा पर्यटन व्यावसायी संघ पर्सा के अध्यक्ष हरी पन्त, ब्रोडकास्टिंग एशोसियसन नेपाल प्रदेश न. २ के संयोजक आरसी यादव, नेपाल आदिवासी जनजाती पत्रकार संघ प्रदेश न. २ के संयोजक निरज पिठाकोटे लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।

सूर्यनारायण वि.क. से सहजीकरण काईल कार्जक्रम मे स्वागत मनतव्य नवराज फुयाल रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।