वीरगंज–३२ मे युवा जागरण कमिटी

वीरगंज २२ फागुन
युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्साद्धारा सञ्चालित युवा जागरण अभियान अन्तर्गत आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ३२ परसवा मे युवा जागरण कमिटी गठन भईल बा ।
परसवा मे भईल युवालोग के भेला से २१ सदस्यीय युवा जागरण कमिटी गठन भईल बा । स्थानिय युवा मुना पटेल के संयोजकत्व मे जागरण कमिटी गठन भईल बा । जेकर सह–संयोजक मे गोविन्द दास थारु आ अशोक दास, सदस्यलोग मे रामबिनय साह सोनार, प्रमोद चौधरी, सरोज गुरो, अजय राउत कुर्मी, मुना दास थारु, युवराज दास थारु, दिपक दास थारु, राजिन्द्र धामी चौधरी, बासदेव यादव, दिपेन्द्र चौधरी, दिपेश दास थारु, सन्तोष दास थारु, देव चौधरी, राजुदास थारु, श्याम बहादुर दास थारु, नागेन्द्र धामी आ अर्जुन दास थारु रहल बानी ।
स्थानिय युवा मुना पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्सा के अध्यक्ष बिनेश प्रसाद कुर्मी समाज मे रहल अनेकन किसिम के विकृति, विसंगती आ कुरितिसब के विरुद्ध मे युवालोग के एकजुट होके अभियान चलावेके बात मे जोड देहनी । उ अवसर मे अभियान के सह–संयोजक संगित पाण्डे अभियान के उदेश्य, प्रभावकारीता आ आगामी कार्ययोजना के बारे मे बतवले रहनी ।
उ अवसर मे युवा जनशक्ति समाज नेपाल के सचिव जायेद हुसैन, युवा जागरण अभियान के सदस्यलोग करण पटेल, अहमद अफरोज आ मनोज प्रसाद कुर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे । उ कार्जक्रम के सहजीकरण सदस्य अजय कुमार चौरसिया कईले रहनी ।






