बौधिमाई नगरपालिका मे दुसरका चरण के कोरोना विरुद्ध के खोप सुरु

मेवालाल यादव
रौतहट २३ फागुन
रौतहट जिल्ला के बौधिमाई नगरपालिका मे दुसरका चरण के कोरोना विरुद्ध के खोप लगावेवाला भईल बा । देशभर जेष्ठ नागरिकलोग के कोरोना विरूद्व के खोप लगावे के समय मे बौधिमाई नगरभर के जेष्ठ नागरिकलोग के भी खोप लगावेवाला भईल बा ।
इहे आवेवाला मिति २०७७ फागुन २३ गते एतवार से फागुन २६ गते बुध तक ६५ बरीस से उपर के बुढलोग के खोप लगावे के बौधिमाई नगरपालिका के स्वास्थ्य संयोजक राकेश यादव जानकारी करवले बानी । बौधिमाई नगरपालिका के सभा हल मे शुक के दिने खोप समन्वय समिति के बईठक बईठल रहे ।
बईठक मे खोप संचालन करेके बारेमे जनावल गईल रहे । बईठक मे खोप के बारे मे बतावत यादव कोरोना विरूद्ध के खोप से कउनो साइड ईफेक्ट ना होखेवाला भईला से निफिकिर होके खोप लगावे खातिर अभिप्रेरित करे खातिर उपस्थित सभी जने के उ निहोरा कईले रहलन । साथे १४ बरीस निचे के उमिर समूह आ गर्भवती जनानी, दिर्घरोगी, गम्भीर प्रकृति के मरेजीलोग के भी खोप ना लगावे खातिर उ निहोरा कइनी ।
उ अवसर मे बौधिमाई नगरपालिका के निम्ति प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रामेश्वर यादव, स्वास्थ्य संयोजक राकेश यादव, आरोही टेलिभिजन के प्रकाशक मेवालाल यादव, सत्येन्द्र प्रताप सिंह सहित दर्जनो आदमीलोग के सहभागीता रहल रहे ।






