एसईई परीक्षा जेठ १३ गते से

काठमाण्डु २५ फागुन

२०७७ साल के माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) परीक्षा आवेवाला जेठ १३ गते से संचालन होखेवाला भईल बा । राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड के मुताविक जेठ १३ गते से २४ गते तक परीक्षा संचालन होखी ।

आवेवाला एसईई राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड से हि लि । बितल बरीस कोरोना भाइरस के महामारी के चलते स्कुल से हि लेहले रहे । आन्तरिक मूल्यांकन के आधार मे राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड मे पठावल गईल रहे ।

बितल २६ माघ मे बईठल मन्त्रिपरिषद् बईठक से एसईई परीक्षा पुनः बोर्ड से हि लेवेके निर्णय कईले रहे । एसईई परीक्षा के व्यवस्थापन, सञ्चालन, अनुगमन, उत्तरपुस्तिका खरीद लगायत के सभी काम के जिम्मा प्रदेश सरकार से मिलला पर भी कानुन अभाव मे अभी तक भी किलास १० के एसईई परीक्षा राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड से हि सञ्चालन करत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।