एक सय गरिब विपन के दुबई एमबिसी कपडा देहलल

प्रभु यादव
बारा २६ फागुन
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १० मटिआर्वा मे दुबइ एमबिसी से मिलल सहजोग एक सय लईकालईकी आ एकल जनानी लोग के लत्ताकपडा देहले बा ।
लुगाकपडा बहुते विपन्न बर्ग के लईकालईकी आ एकल जनानी आपन गुजारा चलावे मे समस्या भईल अवस्था मे कपडा लगावे मे कठिनाई भईल लोग के सहयोग कईल गईल बा । दुबई एमबीसी सहजोग कर के कुछ समय खातिर गरिब लोग के पूरा करे सकता उदेश्य से देहल गईल राज खान आपन विचार राखले रहनी । सहजोग कार्जक्रम मे बिशेस पहल जावेद अंसारी के रहल रहे ।
लुगा कपडा वितरण कार्जक्रम मे स्थानीय आबिद हुसैंन के पहल मे अति आवश्यक भईल लईकालईकी आ एकल जनानी के पहिचान कर के सहयोग कईल गईल रहल । फ्राक, कुर्ता सुरवाल आ लईकालईकी सब के सुट सहयोग कईले रहल । वितरण कार्जक्रम मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी केन्द्र के कलैया उपमहानगर पालिका के नगर अध्यक्ष मुकेश साह के हाथ से लईकालईकी सब के लुगाकपडा देहल गईल रहे ।
लुगाकपडा देवेवाला कार्जक्रम मे समि अख्तर, अबुलैस अंसारी, नजिर हुसैन, जकिर अंसारी, सफिक मिया, शम्भु पाण्डे, जुलुफ्कैर देवान, राजा हुसैंन हवारी, सगिर मिया हवारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






