हुण्डी कारोबार मे संलग्न रहल आरोप मे जयराम पकडईलें

वीरगंज २६ फागुन

हुण्डी कारोबार मे संलग्न रहल आरोप मे पुलीस वीरगंज से एक जने के पकडले बा । पुलीस बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–२३ के ३८ बरीस के जयराम राउत कुर्मी के पकडले बा । मंगर के दिने वीरगंज–६ स्थित माँ अम्बे ट्रेडर्स से अवैध वित्तीय कारोबार (हुण्डी) हो रहल सूचना प्रहरी मे आईल रहे ।

पुलीस उहे ट्रेडर्स मे काम करेवाला कुर्मी के स्रोत खुले ना सकल नेपाली ७ सात लाख ७५ हजार ४ सय ७० रोपेया, भारतीय रोपेया ७ हजार ४ सय तथा उनकर साथ से बब्लु राज के नाम मे जारी भईल नगद २ लाख आ रामप्रसाद पटेल के नाम मे जारी भईल ५ लाख ६० हजार के चेक भी बरामद कईले बा ।

पकडाईल कुर्मी विरुद्ध बैंक तथा वित्तीय संस्था सम्बन्धी ऐन, २०७३ अन्तर्गत के कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कर्यालय पर्सा के प्रवक्ता एवं प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

ट्रेडर्स के सञ्चालक अभी फरार रहला से खोजी हो रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।