कृषि बैंक वीरगंज विन्दवासिनी मे किसान के क्रेडिट कार्ड देहलख

वीरगंज २६ फागुन

कृषि विकास बैंक वीरगंज शाखा किसानलोग के किसान क्रेडिट कार्ड बँटले बा । बैंक से आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १९ बिन्दवासिनी मे एगो कार्जक्रम के आयोजना करके किसान क्रेडिट कार्ड तथा कृषी मर्चेण्ट के एमपिओएस बँटले बा ।

पर्सा जिल्ला मे पहिलका बेर विन्दावासिनी मे श्री ओम बहुमुखी कृषि सहकारी संस्था के सहकार्य मे क्रेडिट कार्ड तथा कृषि मर्चेन्ट के एमपिओएस बाँटल बैंक जनवले बा ।

कृषि विकास बैंक बीरगंज के प्रबन्धक कोमल प्रसाद सिटौला के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम के उदघाटन कृषि विकास बैंक के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत अनिल कुमार उपाध्याय कईले रहनी । कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी भी रहल उपाध्याय २६ जने किसानलोग के किसान क्रेडिट कार्ड देत क्रेडिट कार्ड से किसानलोग के होखेवाला फायदा के बारेमे भी बतवले रहनी । कार्जक्रम के सम्बोधन करत उ मोबाईल बैंकिंक आ क्रेडिट कार्ड मार्फत कउनो भी कृषि के सामान किनला पर उहे कार्ड से पईसा देवे सकेके आ बेंचला पर कार्ड मे हि सहज रुपसे पईसा आवेके बतवनी ।

कृषि विकास बैंक प्रदेश कार्यालय जनकपुर के निर्देशक राजेश कुमार श्रीवास्तव कार्ड आ डिजिटल प्रविधी के प्रयोग करेके विषय मे किसानलोग के अलगे तालिम देवेके भी व्यवस्था करेके उदेश्य के साथ बैंक अगाडि बढल बतवनी ।

कार्जक्रमम मे पुर्व सांसद रामचन्द्र साह, श्री ओम बहुमुखी कृषि सहकारी संस्था के अध्यक्ष ध्रुव प्रसाद यादव, नेता बाबुराम कौशिक, बैंक के डिजिटल बैकिंङ्ग विभाग के वरिष्ठ ईन्जिनियर विरेन्द्र यादव, बैंक के सखुवाप्रसौनी शाखा के प्रबन्धम गुरुप्रसाद उपाध्याय, बैंक के पोखरिया शाखा के प्रबन्धक रघुनाथ मुखिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।