कटहरिया बजार मे बद्धस्थल ना भईला से अश्वस्थ्यकर मासु खाएमे बाध्य

मेवालाल यादव

रौतहट २८ फागुन

रौतहट के कटहरिया बजार मे पशुु बद्धस्थल ना भईला से उपभोक्तालोग अश्वस्थ्यकर मासुु खाएमे बाध्य भईल बाडन ।

बजार क्षेत्र मे खसी तथा कुखरा काटेवाला ब्यवस्थित बद्धसाला के कमी मे उपभोक्तालोग माछी झुंकल मासुु खाएमे बाध्य भईल बाडन । कटहरिया बजार मे उपभोक्ता संरक्षण मञ्च द्धारा कभो भी अनुुगमन ना भईल आ स्थानिय निकाय भी उ समस्या उपर गम्भिर ना भईला के चलते पशुुबद्धशाला ब्यवस्थित होखे ना सकल उपभोक्तालोग सिकाईत कईले बाडन । कटहरिया स्थित हाट बजार क्षेत्र मे चारु ओरी रहल होटेल ब्यवसायी दिन भर बेचल खाली माटी मे कटिया, पानी के बोतल आ जगहा जगहा मे पानी जमके फुहर होके महकेला । खसी तथा कुखरा काटेवाला बद्धशाला ना भईला के चलते सबेरे से कसाई तथा कुुखरा काटेवालालोग उहे फुहर के बिच मे खसी तथा कुखरा काट के माुसुु बेंचेलन । बजार क्षेत्र मे आउर कउनो जगहा मे सफा आ ब्यवस्थित बद्धशाला ना भईला के चलते फुहर कसींगर जमल बिच मे राखके काटल खसी तथा कुखरा के अश्वस्थ्यकर मासुु खरीद करे खातिर उपभोक्तालोग मेसे एक स्थानिय उपभोक्ता राज किशोर ठाकुर बतवनी ।

बाद के समय आर्थिक कमी मे बजारक्षेत्र मे ब्यवस्थित बद्धशाला ना भईला पर उपभोक्तालोग यथास्थिती मे चित बुुझईला पर भी अभी स्थानियतह मे जन प्रतिनिधी भईला पर भी हजारो जनता के स्वास्थ्य से सरोकार के बिषय मे मेयर, उपमेयर तथा वार्ड अध्यक्ष के कब ध्यान जाई उ देखेके बिषय बनल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।