टाटा कम्पनी पाँच किसिम के गाडीसब सार्वजनिक कईलख

वीरगंज २८ फागुन
वीरगंज मे टाटा कम्पनी के अनेकन पाँच किसिम के गाडी लन्चिङ्ग (सार्वजनिक) कईल बा ।
वीरगंज के पावरहाउस चोक स्थित संचालित प्राइम अटो टे«टर्स मे आयोजना कईल एक कार्जक्रम बीच टाटा कम्पनी के नेक्सन, टियागो, एच. ५, टिगोर एवं बि.एस.सिक्स गाडीसब लन्चिङ्ग (सार्वजनिक) कईल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि वीरगंज पब्लिक कलेज के निर्देशक डा. दिपक शाक्य आ टाटा कम्पनी के नेपाल के खातिर आधिकारिक विक्रेता सिप्रदी कम्पनी लिमिटेड काठमाण्डु के टि.भि.बि.यू. के हेडअफ डिपार्टमेन्ट प्रमुख सावन्थजँग पिजापति संयुक्त रुप मे टाटा कम्पनी के अनेकन ५ किसिम के गाडीसब के लन्चिङ्ग (सार्वजनिक) कईले रहे ।
कार्जक्रम मे सहभागीलोग के स्वागत करत प्राइम अटो टे«डर्स के प्रवन्ध निर्देशक सचिन गुप्ता से सार्वजनिक कईल ई कम्पनी के गाडीसब के विशेषता के बारे मे जानकारी करवले रहलन । उनका मुताविक सार्वजनिक कईल ई कम्पनी के गाडीसब सेफ्टी (सुरक्षा) बढिया तथा ग्राउण्ड क्लियरेन्स बेसी भईल तथा माइलेज बेसी देवेवाला ई गाडी के मुख्य विशेषता रहल प्रवन्धक सचिन गुप्ता कानु बतवनी । उ ई गाडीसब के विशेषता एतना मात्र ना होके वातावरण प्रदुषण नियन्त्रण, मनमोहक डिजाइन भी रहल बतवनी ।
प्रबन्धक कानु दाम के बारे मे जानकारी देत टाटा कम्पनी के नेक्सन गाडी के दाम ४३ लाख ५५ हजारसे ४९ लाख ९५ तक रहल बा आ टियागो गाडी के मूल्य २८ लाख से ३४ लाख तक रहल बा ।
टाटा टिगोरके मूल्य ३२ लाख ५० हजार से शुरुवाती मुल्य रहल बा आ टाटा एच. ५ के ८४ लाख ९९ हजार से शुरुवात मूल्य रहल गुप्ता के कहनाम बा । कार्जक्रम मे प्राइम अटो टे«डर्स के एम.डि. सुबोध सापकोटा, उद्योगी व्यावसायी, बैंक तथा इन्स्युरेन्स कम्पनी के प्रतिनिधि एवं सञ्चारकर्मीलोग के उल्लेख्य उपस्थिति रहल रहे ।




