वार्ड अध्यक्ष यादव के शोक मे उपमहानगरपालिका मे छुटी

प्रभु यादव
बारा २८ फागुन
कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर ८ के वार्ड अध्यक्ष विक्रम यादव के निधन भईला से शोक मे शुक के दिन नगर के मातहत के सब कार्यालय मे छुटी देहले रहिे ।
उपमहानगरपालिका के आकस्मिक बोर्ड बईठक से छुटी देवे के आ किरीया खर्च के निर्णय कईले बा । उपमहानगरपालिका के सभाहल मे नगर प्रमुख राजेश राय यादव के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड अध्यक्ष बिक्रम यादव के काठमाण्डु के त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे बियफे के दिन बिहनिया के १० बजे भईल असामयिक निधन उपर बोर्ड बईठक से शोक प्रस्ताव पारित कईले बा ।
आकस्मिक बईठल बोर्ड बईठक से किरिया खर्च के खातिर दु लाख देवे के निर्णय कईल गईल नगर प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी । आकस्मिक बईठल बोर्ड बईठक मे उप–मेयर रहिमा खातुन, सभी वार्ड अध्यक्ष लोग, सभे कार्यपालिका सदस्य उपस्थिति रहल रहनी ।
नगर प्रमुख यादव वार्ड अध्यक्ष के मरला से स्थानीय तह के अपूरणीय क्षति पुगल बा बतावले बानी । वार्ड अध्यक्ष यादव कलैया नगरपालिका रहल बेर मे वार्ड अध्यक्ष मे दु कार्यकाल आ संघियता अईला वाद वार्ड नम्वर ८ भईला पर नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी एमाले से चुनाव जितते आईल रहनी । यादव लिभर सिरोसिस विमारी के एक बरीस से ईलाज करावत रहनी । वार्ड अध्यक्ष यादव के चार गो लडका आ तीन गो लडकी रहल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के नगर कार्यपालीका के प्राङ्गन मे पार्थिक शरीर के राख के जनप्रतिनिधि लोग श्रद्धाञ्जली अर्पण कईले रहलन । यादव के दाहसंस्कार कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ९ मे पसाह नदि मे कईल गईल बा ।






