स्रोत ना खुलल साढे १९ लाख रोपेया सहित भारतीय नागरिक पकडईलें
वीरगंज २९ फागुन
स्रोत ना खुलल साढे १९ लाख रोपेया रोपेया सहित वीरगंज से सशस्त्र पुलीस एक भारतीय नागरिक के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे भारत के पूर्वी चम्पारण जिल्ला रक्सौल नगरपालिका–२१ घर भईल ३६ बरीस के राजेशकुमार साह रहल बाडन ।
उनका के वीरगंज महानगरपालिका–१६ शंकराचार्य गेट क्षेत्र से स्रोत ना खुलल १९ लाख ५१ हजार १ सय २० नेपाली रोपेया सहित शनिचर के दिने पकडल गइल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।
उनका के सशस्त्र प्रहरी बल, नेपाल बोर्डर आउट पोष्ट वीरगंज से खटल टोली पकडले बा । भारत से नेपाल ओरी आ रहल साह के सशस्त्र पुलीस शंका लाग के जाँच कइला पर उ देह मे बान्हके लुकाइछिपाइ लिया रहल रोपेया मिलला के बाद पकडल जनावल गईल बा ।





