वार्ड अध्यक्ष फिर्ता कईलें सुविधा मे लेहल मोटरसाइकल

वीरगंज ०१ चईत

पर्सा के विन्दवासिनी गाँवपालिका–२ के वार्ड अध्यक्ष संजय चौहान पालिका से लेहल मोटरसाइकल फिर्ता कईले बाडन । वार्ड कार्यालय के कामकाज के खातिर कहके गाँवपालिका से लेहल ना १ ब ३६८२ नम्बर के मोटरसाइकल उ कार्यालय मे बुझवले बाडन ।

वार्ड अध्यक्ष चौहान सरकारी नम्बर प्लेट के मोटरसाइकल निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मुन्ना साह रौनियार के रोहबर मे गाँवपालिका के बुझवले रहलन ।

“साथीलोग मोटरसाइकल बुझवले रहलन, काहे बुझावत बानी कहके पुछलन । मोटरसाइकल लेहला पर सेवा सुविधा काटेके बात बा,” कहत उ, “मोटरसाइकल लेहला पर सेवा सुविधा से रोपेया काटेके देखल गईल । आपन बाइक बढले बा कहके सरकारी बाइक फिर्ता कइनी ।”

एकरा से पहिले वन्दिवासिनी गाँवपालिका–१ के वार्ड अध्यक्ष साबिर मियाँ आ वार्ड नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष सुकदेव यादव खुद से लेहल मोटरसाइकल पालिका के बुझा चुकल बाडन ।

प्रदेश सरकार स्थानीय तह के पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के सुविधा सम्बन्ध मे ऐन लिआईल रहे । ऐन के दफा ५ मे यातायात सुविधा सम्बन्धी व्यवस्था बा । प्रमुख, उप प्रमुख, अध्यक्ष, उपाध्यक्ष आ वार्ड अध्यक्ष के स्थानीय तह के आन्तरिक स्रोत समेत के आधार मे सवारी साधन (दु चक्के÷चार चक्के) उपलब्ध करावे सकेके उल्लेख बा ।

सवारी साधन उपलब्ध ना भईल अवस्था मे सम्बन्धित सभा से तोकल मुताविक के यातायात सुविधा मिलेके व्यवस्था कईल बा । सवारी साधन भईल के सभा से तोकल मुताविक के इन्धन आ मोबिल मात्र मिलेके उल्लेख बा ।

प्रदेश सरकार स्थानीय तह के पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के सुविधा सम्बन्ध मे २०७५ साल मे ऐन लिआईल बा । पहिले पालिका से मोटरसाइकल लेवे खातिर मारामारी करेवाला जनप्रतिनिधिलोग ऐन अईला के बाद धमाधम सवारी फिर्ता कर रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।