तरकारी के बोरा मे लागू औषध मिलल, दु जने पकडईलें

वीरगंज ०१ चईत
वीरगंज से पुलीस लागूऔषध अनरेक्स आ नाइट्रोभेट ट्याबलेट सहित २ जने के पकडले बा । दु जने मेसे एक जने भारतीय नागरिक बाडन । भारत के उत्तर प्रदेश राज्य गोरखपुर जिल्ला पोखरा गाँव के ५५ बरीस के रमेश दास आ मकवानपुर के हेटौंडा उपमहानगरपालिका–९ रहेवाला २९ बरीस के रामकुमार देउजा पकडाईल बाडन ।
एतवार के दिन के १२ बजे के समय मे वीरगंज महानगरपालिका–१६ रजतजयन्ती चोक से उलोग के पकडल गईल पुलीस जनवले बा । लागूऔषध नियन्त्रण ब्युरो वीरगंज के टोली चेकजाँच करेके समय मे भारत से नेपाल ओरी पैदल आरहल उलोग के साथ से लागूऔषध अनरेक्स १ सय एमएल के ५० बोतल आ १० पत्ता ३ सय ट्याबलेट बरामद कईले रहे ।
तरकारी राखल बोरा भितर लुका के लिया रहल अवस्था मे उलोग के नियन्त्रण मे लेहल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता एवं प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
“तरकारी व्यापारी भी ना हउवन, घरायसी प्रयोग के खातिर भी ना ह,” डीएसपी खनाल कहनी “एगो बोरा मे कोभी, सागसब रखले रहलन । ओकर निचे उलोग लागूऔषध लुकवले रहलन । खोजतलास कईला पर मिलल रहे” कहके बतवनी ।






