सूचना के हक प्रयोग करत पत्रकारलोग महानगर मे निवेदन दर्ता करवलें

वीरगंज ०२ चईत

पर्सा के संचारकर्मीलोग आजु वीरगंज महानगरपालिका के सूचना अधिकारी अरबिन्दलाल कर्ण से सूचना के हक सम्बन्धी ऐन मुताविक सूचना माग करत निवेदनदर्ता करवले बाडन ।

प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी के नेतृत्व मे पुगल पर्सेली पत्रकारलोग वीरगंज महानगरपालिका के सामाजिक विकास महाशाखा से भईल काम कारवाही के विवरण माग कईले बाडन । सुचना के हक सम्बन्धि अनेकन धारासब के उल्लेख कतर कानून सम्मत रुप मे निवेदन दर्ता भईल बा । निवेदन बुझत सूचना अधिकारी कर्ण माग भईल सूचना आ विवरणसब कानून सम्मत जलदी हि देवेके बतवनी ।

निवेदन मे वीरगंज महानगर के अनेकन वार्डसब मे आयोजना कईल सार्वजनिक सुनुवाई कार्जक्रम के आयोजना करेवाला संस्थासब के नाम विवरण, संस्था दर्ता प्रमाणपत्र(कम्पनी के हक मे कम्पनीदर्ता प्रमाणपत्र, प्रबन्धपत्रर नियमावली), प्यानदर्ता प्रमाणपत्र, लेखापरिक्षण प्रतिवेदन, कर चुक्ताप्रमाणपत्र, प्रस्तावनापत्र, वीरगंज महानगरपालिकाद्वारा कईल सम्झौता पत्र, सुचिकरण, बिनियोजित रकम लगायत कानून से स्पष्ट कईल कागजात पुरा भईल सार्वजनिक सुनुवाई कार्जक्रमसब केआर्थिक प्रतिवेदन, बिल भौचर आ आउर जरुरी कागजसब के प्रमाणित प्रतिलिपि माग कईल बा ।

एहितरे आ.व.०७७ श्रावण से अभी तक के अवधि मे कउन कउन संस्था के कउन कउन परियोजना भा प्रयोजन के खातिर कार्जक्रमसब प्रदान भा सम्झौता कईल बा, उ कार्जक्रम आ संस्थासब के नामावली सहित कार्जक्रम मिलल संस्थासब के दर्ताप्रमाणपत्र (कम्पनी के हक मे कम्पनीदर्ता प्रमाणपत्र, प्रबन्धपत्रर नियमावली), प्यानदर्ता प्रमाणपत्र, लेखापरिक्षण प्रतिवेदन, कर चुक्ताप्रमाणपत्र, प्रस्तावनापत्र, वीरगंज महानगरपालिकाद्वारा कईल सम्झौता पत्र लगायत पुरा भईल कार्जक्रमसब के आर्थिक प्रतिवेदन, बिल भौचर आउर जरुरी कागजातसब के प्रमाणित प्रतिलिपि माग कईल बा ।

उ अवसर मे इकोनोमिक जर्नालिष्ट एशोसिएसन के राष्ट्रिय अध्यक्ष विजय कुशवाहा, तराई मिडिया एशोसिएसन के अध्यक्ष जितेन्द्र साह, जनता टेलिभिजन के संजीव मिश्रा, कान्तिपुर दैनिक के भूषण यादव, प्रेस मन्च नेपाल के वरिष्ठ उपाध्यक्ष श्याम कुशवाहा, मध्य नेपाल सन्देश के जियालाल साह, सफल खतिवडा, आरोहण साह, राकेश साह लगायत के संचारकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।