शहिद परिवार के मन्त्री सोनल देहनी कृषि उपकरण

वीरगंज ०७ चईत
मधेस आन्दोलन के शहिद दिपेन्द्र साह के परिवार के प्रदेश नम्बर २ के भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल कृषि उपकरण सहजोग कईले बानी । २०६३÷६४ के प्रथम मधेस आन्दोलन के समय मे वीरगंज मे भईल प्रदर्शन मे पुलीस के गोली लाग के पर्सा के विन्दवासीनी गाँवपालिका ४ मधवल के दिपेन्द्र साह शहादत प्राप्त कईले रहनी ।
सहिद दिपेन्द्र के परिवार के कृषि कर्म मे सहजोग पुगो कहके मन्त्री सोनल शनिचर के दिने करिब ५० हजार रोपेया बराबर के पम्पसेट देहले बानी । मन्त्री सोनल आपन निजी खर्च मे पम्पसेट किनके शचिर के दिने शहिद दिपेन्द्र के माई राजकुमारी देवी आ मेहरारु सिता देवी के देहल मन्त्री सोनल के स्वकीय सचिव सन्तोष यादव बतवनी ।
शहिद परिवार गाँव मे करत आईल तरकारी खेति मे सिंचाई के खातिर पम्पिङ सेट ना भईला से समस्या भईल जानकारी मिलला के बाद मन्त्री सोनल शनिचर के दिने पम्पसेट प्रदान कईल यादव जानकारी देहनी ।
शहिद पत्नी सीता देवी के मुताविक बितल माघ ५ गते शहिद दिवस मनावे खातिर प्रदेश सरकार के निहोरा मे जनकपुर गईल समय मन्त्री सोनल से भेट करके उ सिंचाइ के खातिर पम्पसेट ना भईला से समस्या भईल बतवले रहनी । उ कहनी, “हम मन्त्रीजी से भेट करके आपन समस्या कहले रहनी, हमर सिकाईत सुनके आजु मन्त्री पम्पसेट देहनी । हम खुशी बानी ।”
शहिद दिपेन्द्र के परिवार मे मेहरारु सिता देवी, दु गो बेटा आ बुढ माई बाडि । वीरगंज महानगरपालिका के कार्यालय मे नोकरी भईल सिता देवी वीरगंज मे डेरा लेके दु गो बेटा के पढावत आईल बाडी । शहिद दिपेन्द्र के माई राजकुमारी पैतृक गाँव मधवल मे रहेली । उहाँ उ घर के रेखदेख के साथे सामान्य खेतीबारी करत आईल शहिद पत्नी सीता देवी बतवनी ।





