बारा आ पर्सा मे फेनु कोरोना संक्रमित मिललें

प्रभु यादव

बारा ०८ चईत

बारा आ पर्सा जिल्ला मे फेर से कोरोना पोजेटिभ मिलल बाडन । नारायणी अस्पताल वीरंगज मे पिसिआर चेक ५० जने के कईल गईल जवना मे से १० जने के कोरोना पोजेटिभ मिलल बाडन ।

बारा मे दु जने जनानी सहित छव जने पर्सा मे तीन जने आ एक जने झापा के कोरोना पोजेटिभ रहल अस्पताल जनकारी करावले बा । बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ के २८ बरीस के जनानी २० बरीस के मर्दाना, वार्ड नम्वर २ के २७ बरीस के जनानी, वार्ड नम्वर ५ के २० बरीस के मर्दाना, वार्ड नं. ८ आ ९ के २४ बरीस आ ३१ बरीस के मर्दाना कोरोना पोजेटिभ भईल बारा जन स्वास्थ्य प्रमुख रामनरेश यादव जनकारी करावले बानी ।

पर्सा जिल्ला के वीरंगज महानगरपालिका वार्ड नम्वर १० के २८ बरीस आ ३८ बरीस के वार्ड ३१ के २२ बरीस के कोरोना पोजेटिभ भईल जनकारी अस्पताल करावले बा । झापा जिल्ला के मेची नगरपालिका १२ के २५ बरीस के मर्दाना के पिसिआर चेक कईल गईल जवना लोग के कोरोना पोजेटिभ भेटल नारायणी अस्पताल जनकारी करावले बा ।

भारत से आवत जावत बढल बा अउरी साबधानी अपनावल ना कईला के बाद फिर से तराई मधेश मे कोरोना के बढे के सम्भवना बढ रहल जन स्वास्थ्य प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी । जनता सब अधिक जमघट लागरहल जगह मे ना पुगे के आ बाहर से आईल लोग से दुर रहे के घर से बाहर निकलत बानी त मास्क पहिने खातिर निहोरा प्रमुख यादव कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।