भन्सार जाँचपास कराके आईल ट्रक से १ करोड के कपडा बरामद

वीरगंज ११ चईत

भारत से धान लादके आईल ट्रक से भन्सार राजश्व छलके लियावल १ करोड से बेसी दाम के कपडा बरामद भईल बा ।

वीरगंज के सिर्सियास्थित एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आइसीपी) से धान के भन्सार जाँचपास कराके बाहर निकलल ट्रक से सशस्त्र पुलीस १ करोड ५ लाख रोपेया के कपडा बरामद कईले बा ।

तिरुपती खाद्य तथा भूसा सप्लायर्स के नाम मे भन्सार जाँच पास भईल धान लादल बिआर ०६ डिबी ४१५६ नम्बर के भारतीय ट्रक, आइसीपी से काठमाण्डु जाए लागल समय शंका लाग के सशस्त्र पुलीस जेकजाच कईले रहे ।

चेकजाँच के समय मे ट्रक मे दु लेयर धान के बोरा राख के निचे सटिङ सुटिङ, कुर्थासुर्वाल, साडी लगायत के कपडा मिलला के बाद पुलीस कपडा आ धान सहित के ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा । ट्रक मे ३ लाख रोपेया के धान के भन्सार जाचपास कईल रहे ।

सशस्त्र पुलीस कपडा आ धान सहित के ट्रक नियन्त्रण मे लेके जरुरी अनुसन्धान के खातिर राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल सशस्त्र प्रहरी १३ नम्बर गण पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का जानकारी देहनी ।

ट्रक से बरामद कईल कपडा के मूल्य १ करोड ५ लाख रोपेया मूल्यांकन कईल राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया के प्रमुख टङक पाण्डे बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।