पत्रकार महासंघ पर्सा के कार्यालय मे लगावल ताला तुरके खोलल गईल

वीरगंज ११ चईत

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा सदस्यता वितरण मे भेदभाव कईल कहत असन्तुष्ट पत्रकारलोग के एगो समुह महासंघ पर्सा शाखा के कार्यालय मे तालाबन्दी कईले रहे ।

पत्रकार महासंघ के सदस्यता ना मिलल अनेकन संचारमाध्यम मे कार्यरत पत्रकारलोग ताला लगवले रहलन । तालाबन्दी भईला के बाद महासंघ के कार्यालय पुगल पत्रकार महासंघ पर्सा के कार्य समिति के कुछ पदाधिकारी आ सदस्यलोग ताला तुरके खोलले बाडन ।

नजिकात गईल निर्वाचन के समय मे क्रियाशिल पत्रकारलोग के भेदभाव करत आपन आसेपासे आ नातेदारलोग के सदस्यता वितरण कईल आरोप लगावत उलोग तालाबन्दी कईले रहलन । सदस्यता वितरण मे विभेद कईला के साथे सक्रिय पत्रकारलोग के मनोवल गिरा के आउर पेशा मे आवद्ध भईललोग के वितरण कईल कहत विरोध मे उतरल पत्रकारलोग आपत्ति जनवले बाडन ।

ताला तुरके कार्यालय खोलला के बाद सरकासफाई कईल फोटोसब भी सार्वजनिक कईल रहे । नेपाल पोष्ट डेली के अशोक सङ्ग्रौला, यात्रा डेली के आसु सर्राफ, आजतक दैनिक के विनोद पटेल, मिरमिरे अनलाइन के दिपक चौरसिया, वीरगंज सिटी के निखिल वर्णवाल, दैनिक वीरगंज के रन्जित चौरसिया, माई टिभी के उमेश दुवे लगायत के पत्रकारलोग के समुह तालबन्दी कईले रहलन ।

नयाँ सदस्यता के नमावली प्रकाशन भईला के बाद मंगर के दिने पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के कार्यसमिति के दु पदाधिकारी सहित के ४ जने भी संयुक्त रुप मे एक प्रेस विज्ञप्ती जारी करत विरोध जनवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।