प्राइम टेलिभिजन बारा संवाददाता गुप्ता सम्मानित

प्रभु यादव
बारा १८ चईत
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से बारा के प्राइम टेलिभिजन संवाददाता श्रीकान्त गुप्ता सम्मानित भईल बाडन ।
मंगर के दिने रिपोटर्स क्लब नेपाल के २३ वाँ वार्षिक उत्सव के अवसर मे आयोजना कईल पुरस्कार वितरण तथा सम्मान कार्जक्रम मे गुप्ता सम्मानीत भईल बाडन । मगर के दिन पत्रकार सब लोग के उपेन्द्र यादव गाम्छा, महन्त ठाकुर माला, प्रधानमन्त्री ओली, ऋषि धमला आ नायिका एलिजा गौतम सम्मान पत्र प्रदान कईले रहलन पत्रकार श्रीकान्त जनकारी करावले बानी ।
कार्जक्रम मे प्रधानमन्त्री ओली क्लब के वार्षिक रूप मे प्रकाशित करत आरहल स्मारिका विमोचन कईले रहनी । कार्जक्रम मे प्रधान मन्त्री देश के संचारकर्मी, पत्रकार देश के चौथका अङ्ग भईल देश के विकास संचारकर्मी बिना कल्पना ना कईल जा सकल जाये के बतावले रहनी ।
कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के वरिष्ठ नेता रामचन्द्र पौडेल, जनता समाजवादी पार्टीं के अध्यक्ष महन्थ ठाकुर आ उपेन्द्र यादव, राष्ट्रिय जनमोर्चा के अध्यक्ष चित्रबहादुर केसी, राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के अध्यक्ष डा. प्रकाशचन्द्र लोहनी, सरकार मे रहल मन्त्री सब , सांसद लोग, समाज के बहुते तह मे रहल लोग सब विशेष अतिथि के रुप मे सहभागी रहल रहे ।





