पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका मे युवक के लास मिलल

वीरगंज २० चईत

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका मे एक युवक के लास मिलल बा । जगरनाथपुर–२ लक्ष्मीपुर रहेवाला १९ बरीस के नितेश कुमार चौहान मृत अवस्था मे मिलल ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक दिपक थापा बतवनी ।

उनका मुताविक जगरनाथपुर–५ जानकीटोला स्थित सिक्टा पुल मे बियफे के रात उ मृत मिलल रहलन । स्थानीय से लास देखला के बाद पुलीस के खबर कईले रहलन । ओकरा बाद पुलीस घटनास्थल मे पुगल रहे । घटनास्थल जाँच मुचुल्का के बाद लास पोष्टमार्टम के खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे पठावल गईल रहे ।

अस्पताल से देहल प्रारम्भिक रिपोर्ट मुताविक मृतक के कान के जाली फुटल, मुडि के हड्डी टुटल आ पेट मे चोटमा लाग के कलेजो फुटल बा । युवक के मृत्यु के कारण यकिन भइल नईखे । माकिर कउनो गाडी ठोकर देके फरार भईल हो सकेके आशंका पुलीस कईले बा ।
हिट एण्ड रन केस होखे सकेके आशंका मे अनुसन्धान शुरु कईल पुलीस जनवले बा ।

‘रात के पुल मे खुन से भरल अवस्था मे लास मिलल रहे । कान से खुन बहत रहे ।’ कहत उ ‘पुल के निचे साईकल मिलल । ‘हिट एण्ड रन’ केस होखे सकेके आशंका मे अनुसन्धान शुरु कईल गईल बा । उ समय उ क्षेत्र मे चलल ट्रक आ ट्याक्टर लगायत सवारी साधन के खोजी हो रहल बा ।’

सवारी दुर्घटना से होखो भा आउर कारण से मृत्यु भईल बा कहके बारेमे अनुसन्धान चल रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक प्रल्हाद कार्की बतवनी ।

‘लास के अवस्था देखला पर हिट एण्ड रन जईसन लागला पर भी अनेकन कोण से अनुसन्धान हो रहल बा ।’ कहत डिएसपी कार्की, ‘अभी हि निष्कर्ष मे पुगेके अवस्था नईखे । पोष्टमार्टम रिपोर्ट अईला के बाद आउर अनुसन्धान मे सहजोग पुगी ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।