कांग्रेस मँगलख प्रधानमन्त्री के राजीनामा, आपन नेतृत्व मे सरकार बनावे खातिर पहल करी

काठमाण्डु २० चईत
प्रमुख विपक्षी नेपाली कांग्रेस प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के राजीनामा माग कईले बा आ अपने नेतृत्व मे सरकार गठन के खातिर पहल करेके निर्णय कईले बा ।
शुक के दिने पार्टी कार्यालय सानेपा मे बईठल केन्द्रीय कार्यसमिति से राजीनामा माग करेके निर्णय कईले बा । १७ वैशाख २०७७ मे ई सरकार शासन करेके नैतिक आ राजनीतिक आधार गुमावल ठहर कईल स्मरण करत प्रवक्ता विश्वप्रकाश शर्मा कहनी, “संविधान आ जनविरोधी क्रियाकलाप जारी राखल गईल आ होत होत दल भितर के द्वन्द्व हल करेके क्षमता ना राख के प्रतिनिधिसभा विघटन करेके असंवैधाकि कदम चालल ।”
सर्वोच्च अदालत संसद पुनस्र्थापना कईला के बाद प्रधानमन्त्री से राजीनामा देवेके भईला पर भी उ नैतिक आ राजनीतिक अभिभारा पुरा ना कईल कहत उ “हमनी के अपेक्षा रहे प्रधानमन्त्री मार्गप्रशस्त करेम ।”
माकिर ओईसन ना भईला से प्रधानमन्त्री के राजीनामा माग करेके निर्णय कईल प्रवक्ता शर्मा बतवनी ।
केन्द्रीय कार्यसमिति के बईठक से आपन नेतृत्व मे सरकार गठन के पहल करेके निर्णय भी कईले बा । प्रवक्ता शर्मा कहनी, “प्रतिगमन भईल रहे आ वर्तमान सरकार के विस्थापन करेके पडि कहके निष्कर्ष निकालेवाला दलसब कांग्रेस के नेतृत्व मे सरकार बनावे के सन्दर्भ मे एक जगहा मे खडा होके विकल्प मे जाएके पडि ।”
केन्द्रीय कार्यसमिति बईठक अगाडि सभापति शेरबहादुर देउवा, वरिष्ठ नेता रामचन्द्र पौडेल, नेता कृष्णप्रसाद सिटौला लगायत बीच भईल छलफल मे लम्हर रस्साकस्सी के बाद प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के राजीनामा मागेके आ कांग्रेस के नेतृत्व मे सरकार गठन के अग्रसरता लेवेके सहमति जुटल रहे ।





