जितपुर सिमरावासी ४ घण्टा सडक बन्द कईलें, धुरा नियन्त्रण करेके माग

  • बारा २२ चईत

बारा के जितपुरसिमरा के बासिन्दा सडक बन्द कईले बाडन । वीरगंज–पथलैया सडकखण्ड के बजनी मे उलोग सडक अवरुद्ध कईले बाडन ।

व्यापारिक मार्ग विस्तार योजना अन्तर्गत सडक निर्माण मे देखल गईल ढिलासुस्ती आ लापरबाही के चलत धुरा उड के जनजीवन कष्टकर भईला के बाद स्थानीय विरोध मे सडक बन्द कईले रहलन । उलोग सबेरे ८ बजे से सवा १२ बजे तक सडक अवरुद्ध कईल स्थानीय बतवले बाडन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा ४५ मिनेट मात्र सडक अवरुद्ध भईल दाबी कईले बा । बजनी मे सडक अवरुद्ध भईला पर आर्थिक नगरी वीरगंज होत देश के अनेकन जगहा मे चलेवाला लम्हर तथा छोट दूरी के सवारी साधन, मालबाहक सवारी तथा निजी सवारी के लम्हर लाईन लागल रहे । सडक निर्माण मे हो रहल ढिलासुस्ती से पिडित बनल सवारी चालकलोग भी स्थानीय के आन्दोलन मे ऐक्यबद्धता जनवले रहलन ।

स्थानीय सुनिल गुप्ता के मुताविक सडक के धुरा नियन्त्रण ना कईला से बहुते समस्या हो रहल बा । “सीसा लगावल घर मे भी सडक से उडल धुरा घुस रहल बा । जाएवाला छिपा, सुतेवाला बिछौना जहाँ गईला पर भी धुरा से भरल रहत बा । हमनी कहिया तक अईसन समस्या भोगी ?” कहत उ, “ओहिसे सडक अवरुद्ध करके विरोध प्रदर्शन कईल गईल बा ।”

सडक के धुरा बस्ती मे पुग के घरघर मे आदमीसब बेमार होखे लागला के बाद स्थानीय स्वतःस्फूर्त रुप मे सडक अवरुद्ध कईल जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका–३ के वार्ड अध्यक्ष जगरनाथ घिमिरे बतवनी ।

“कच्ची सडक मे पानी ना छिटल गईल, सवारी साधन चलला पर बहुते धुरा उडल, पीडित भईनी कहके स्थानीय स्वतःस्फूर्त रुप मे सडक मे आईल बाडन,” कहत उ, “जलदी रास्ता बनाव, धुरा उडेवाला सडक मे पानी छिट कहके बेर बेर निहोरा कईला पर भी कउनो वास्ता ना कईलन ।”

उ निर्माण कम्पनी, आयोजना कार्यालय, उद्योग वाणिज्य संघ, इलाका प्रशासन लगायत सरोकारवाला बईठके तीन बेर सडक बनावे खातिर निहोरा कईला पर भी निर्माण कम्पनी अटरी करके दुःख देहल बतवनी । सिमरास्थित सूर्य टोबाको कम्पनी से जितपुरस्थित आर्मी क्याम्प तक के सडक निर्माण के जिम्मा शर्मा, युनाइटेड बिल्डर्स, दिवा निर्माण सेवा जेभी लेहले बाडन । काम जेभी से लेहला पर भी युनाइटेड फिल्ड मे बा । २०७३ साल असाढ २९ गते ठेक्का सकार कईल कम्पनी अभी तक ४७ प्रतिशत मात्र काम पुरा कईले बा ।

सडक खुलावे खातिर ४ बुँदे सहमति

उलोग व्यापारिक मार्ग आयोजना के प्रमुख, ठेकेदार कम्पनी के प्रमुख आ प्रमुख जिल्ला अधिकारी से मात्र वार्ता मे बईठे खातिर अडान लेहले रहलन । माकिर पुलीस सडक खोल के वार्ता मार्फत समस्या के समाधान के खातिर निहोरा कईले रहे । धुरा ना उडेके वातावरण बनावे के आश्वासन देके वार्ता मे बईठावल गईल रहे ।

इलाका प्रशासन, आयोजना कार्यालय, निर्माण कम्पनी के प्रतिनिधि, जनप्रतिनिधिलगायत सरोकारवालाबीच भईल वार्ता मे ४ बुँदे सहमति भईल बा । सडक निर्माण के गति मे तेजी देवेके, धुरा उडे ना देवे खातिर नियमित पानी डालेके व्यवस्था ठेकेदार कम्पनी से मिलावेके, पाक्षिक रुप मे समीक्षा बईठक बईठके निर्माण कम्पनी के सुझाव देवेके आ चित्तबुझ्दो काम ना कईला पर सडक विभाग मे ठेक्का रद्द करे खातिर आयोजना कार्यालय मार्फत सिफारिस करेके सहमति भईल बा । बईठक मे सहभागी कृष्ण खनाल सडक एकतर्फी मात्र सञ्चालन करके निर्माण के काम मे गति देवेके सहमति भईल आ ओईसन ना भईला पर फेनु जनता सडक मे उतरेके बतवनी ।

“धुरा के चलते समस्या भईला के बाद जनता सडक मे आईल बाडन, काम मे तेजी देवेके कहला के अर्थ गुणस्तर मे ध्यान ना देवेके कहल नइखे,” कहत उ, “पाक्षिक रुप मे बईठेवाला बईठक मे सुझाव देवेके बात बा, चित्तबुझ्दो काम ना कईला पर ठेक्का रद्द करे खातिर दबाब देहल जाई ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।