वार्ड अध्यक्ष के टोली प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापनपत्र बुझावख

प्रभु यादव
बारा २२ चईत
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे रास्ता ठेक्कदार ठेक्का लेके ना बनाहरल कहत प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।
वार्ड अध्यक्ष जटाशंकर सहनी के अगुवाई मे सदस्य शम्भु गुप्ता, चन्द्रकाला चौधरी, मन्तूर देवी आ मेलमिलाप केन्द्र के संयोजक राजदेव प्रसाद साह, सदस्य सिता चौधरी लगायत के लोग ज्ञापन पत्र प्रमुख जिल्ला अधिकारी राजेश पौडेल के बुझावले बाडन । तीन वरीस से ठेक्का लेहल साईराम कन्ट्रक्सन के बेर बेर कहला के वाद भि ना बनावला से अदालत से गुप्ता पेट्रौल पम्प तक के रास्ता मे धुला धुला भईला से जनता के शास्ती भोग रहल विडा देखावत बनावे के ना त कारवाही करे के ज्ञापन पत्र मे माग कईल गईल बा ।
ज्ञापन पत्र मे रास्ता चलेवाला के आ घर भितर रहल लोग के आख मे धुला पडला से समस्या सब आरहल जनकारी करावल गईल बा । प्रमुख जिल्ला अधिकारी ज्ञापन पत्र बुझत ठेकदार के बोला के समस्या के समाधान करे के असवासन देहनी ।






