एकेदिन ८ जने के मृत्यु, ५५९ संक्रमित थपईलें

काठमाण्डु ३० चईत

बुटवलस्थित कोरोना विशेष अस्पताल मे सोमार के सबेरे साढे दु घण्टा के अन्तर मे तीन जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल ।

मृतक मेसे बाणगंगा–३, कपिलवस्तु के ७९ बरीस के पुरुष आ मालारानी–५ अर्घाखाँची के ७९ बरीस के जनानी कोरोना संक्रमण होके तीनदिन पहिले अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन । तिलोत्तमा–१, रुपन्देही के ७१ बरीस के जनानी २३ चईत मे अस्पताल भर्ना भईल रहली । मृतक तीन जने मे एगो समानता बा, बोखार, निमोनिया, दम आ स्वास प्रश्वास के समस्या लेके अस्पताल आईल रहलन ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक उलोग सहित ८ जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । पिछिलका कुछ दिन मे मृत्यु होके सोमार के दिने रिपोर्ट भईल आउर पाँच जने भी जोडला पर मृतक के संख्या मे एके दिन १३ थप भईल बा ।

सोमार के दिने नयाँ संक्रमित के संख्या भी ५०० से बेसी पुगल बा । मन्त्रालय के मुताविक ५१०५ नमुना के पीसीआर टेष्ट कईला पर ४९६ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । भारत से नेपाल प्रवेश करेवाला ८ नाका मे ७२७ जने के एन्टीजेन परीक्षण कईला पर ६३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । सब से बेसी कञ्चनपुर के त्रिनगर हेल्थ डेस्क मे ५४ जने के एन्टिजेन टेष्ट मे पोजेटिभ आईल बा ।

स्वास्थ्य मन्त्रालय के तथ्यांक पिछिलका कुछ दिन मे संक्रमित के संख्या बढे लागल देखवले बा । माकिर जनस्वास्थ्य विज्ञलोग संक्रमण अचानक ना बढल बतवनी । टेकुस्थित शुक्रराज ट्रपिकल तथा सरुवा रोग अस्पताल के चिकित्सक डा. अनुप बास्तोला कहनी, ‘हमनी कहाँ संक्रमण पुरे नियन्त्रण मे आईल ना रहे । हमनीे पुस, माघ, फागुन मे रोकथाम के उपाय छोड देनी ।’

५ पुस मे संसद विघटन भईला के बाद पक्ष आ विपक्ष मे राजनीतिक दलसब सभा सम्मेलन कईनी, हजारो आदमीसब जम्मा करके भाषण कईलन । नागरिक भी जनस्वास्थ्य के मापदण्ड पालना कईल छोडलन । डा. बास्तोला के मुताविक एकरा से हमनी बिच भईल संक्रमण सुस्त गति मे फईलल रहे । अन्तर्राष्ट्रिय सीमा नाकासब मे भी निगरानी ना भईला के चलते नयाँ भेरियन्ट भी नेपाल मे आईल ।

समुदाय मे संक्रमण फईले लागला के बाद संक्रमित आ मृतक के संख्या बढे लागल उ बतवनी । कोभिड अस्पतालसब मे कुछ पहिले से संक्रमित बढे लागल कहत डा. बास्तोला कहनी, ‘अभी मृत्यु भईल आदमीसब के अबगे भर्खर संक्रमण भईल नइखे, कम्ती मे भी दु हप्ता भा ओकरा से पहिले हि संक्रमण भईल होखी ।’

संक्रमण भईल दु हप्ता भितर लक्षण देखल गईल आ समस्या भईला के बाद मात्र अस्पताल आईल उ सुनवनी । लक्षण देखल गईल कैयन आदमी अभी भी सामान्य सरदी खोकी होखी, प्रदुषण के चलते होखी कहके परीक्षण ना कईल मिलल बा ।

जनस्वास्थ्य के मापदण्ड कडाइ के साथ पालना ना कईला पर संक्रमण आउर बढेके जनस्वास्थ्य विज्ञलोग के चेतावनी रहल बा । स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय भी २५ जने से बेसी भेला होखेवाला कार्जक्रम मे रोक लगावे खातिर सिफारिस कईले बा । माकिर ना राजनीतिक दलसब सभा समारोह कईल छोडले बाडन, ना त जनस्वास्थ्य मापदण्ड पालना प्रभावकारी रुप मे हि होखे सकल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।