सुवर्ण गाँवपालिका के दुसरका चौमासिक प्रगति प्रतिवेदन समीक्षा सम्पन्न

प्रभु यादव

बारा ३१ चईत

बारा के सुवर्ण गाँवपालिका मे दुसरका चौमासिक प्रगति प्रतिवेदन प्रस्तुतिकरण समिक्ष तथा योजना हस्तान्तरण कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।

कार्जक्रम मे कार्यालय के प्रशासकिय अधिकृत नवीन श्रीवास्तव पालिका मे फागुन मसान्त तक मे ३५ करोड १३ लाख नव हजार आठ सय २७ रोपेया ६५ पईसा आम्दानी आईल जनकारी करावले बानी । गाँवपालिका मे आईल आम्दानी मे से चालू तर्फ १८ करोड २१ लाख ५४ हजार दु सय ५७ रोपेया ७१ पईसा आ पुजिगत ओर छव करोड ५५ लाख ८४ हजार खर्च भईल अधिकृत श्रीवास्तव बजेट प्रस्तुत कईले रहनी ।

गाँवपालिका के पाच वाँ गाउँ सभा से पारित कईल नीति, बजेट तथा कार्जक्रम के शिर्षकगत आर्थिक तथा भौतिक प्रगति विवरण श्रीवास्तव प्रस्तुत कईले रहनी । योजना मे रहल वार्ड भवन, रास्ता ढलान विधुतिकरण जईसन काम कईल गईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत श्रीवास्तव जनकारी करावले रहनी ।

कार्जक्रम गाँवपालिका अध्यक्ष महेन्द्र प्रसाद यादव के सभापतित्व मे भईल जवना मे वार्ड अध्यक्षलोग, गाँवपालिका कार्यपालिका सदस्य आ कर्मचारी लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।