विद्यालय व्यवस्थापन समिति सर्वसहमती मे बनल

प्रभु यादव
बारा ०४ बैशाख
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १४ भौवरा मे विद्यालय व्यवस्थापन समिति सर्वसहमती से गठन भईल बा ।
नेपाल राष्ट्रिय अधारभुत विद्यालय भौवरा मे तीन बेर समिति गठन करेला अभिभावक सब मे सूचना कईला के वाद ५१ प्रतिशत जम्मा ना भईला से गठन ना कईल जात रहे कहके प्रधानाध्यापक सम्पत साह जनकारी करावले बानी । चउथका बेर शिक्षा नियमावली के मुताविक सहभागी भईल अभिभावक मेसे दु जने मर्दना आ दु जने जनानी के चयन कईल गईल प्रअ साह जनकारी करावले बानी ।
अभिभावक भेला से ओलिक महम्द मियाँ, सुनिल साह कानु, एतवानी खातुन आ विन्दा पासवान के सुक के दिन सर्वसहमत से चयन कईले बा । विद्यालय व्यवस्थापन समिति मे ९ जने रहेलन जवना मे वार्ड कार्य समिति प्रतिनिधि, जग्गादाता, वुद्धीजिवी शिक्षा प्रेमी आ शिक्षक प्रतिनिधि सभे बईठ के अध्यक्ष के मनोयन करे के नियम रहल मुताविक कईल जाएके प्रअ साह जनकारी करावले बानी ।






