रौतहट के ५ गो पालिका मे जनगणना कार्यालय खुलल

मेवालाल यादव

रौतहट ४ बैशाख

प्रदेश नम्बर २ अन्तर्गत रहल रौतहट जिल्ला के ५ पालिका मे नेपाल सरकारद्वारा राष्ट्रिय जनगणना २०७८ अभियान के सफल बनावे के उदेश्य से स्थानीय जनगणना कार्यालय स्थापना कईल बा ।

देश संघीय संरचना मे गईला के बाद पहिलका एवं नेपाल के १२ वाँ होखे लागल राष्ट्रिय जनगणना २०७८ के अभियान सफल बनावे खातिर तथा जनगणना से केहु ना छुटो अर्थात जातीय आरक्षण से केहु बन्चित ना होखस कहके लक्ष्य से स्थानीय जनगणना कार्यलय स्थापना कईल बा ।

नेपाल सरकार के केन्द्रिय तथ्यांक विभाग के निर्देशन मुताविक बैशाख १ गते से ४ गते भितर मे स्थानीय जनगणना कार्यालय स्थापना करेके मुताविक कार्यलय स्थापना कईल जिल्ला जनगणना कार्यालय रौतहट के जनगणना अधिकारी देवनाथ यादव बतवले बानी ।

“हमर गणना, हमर सहभागिता” कहके मूल नारा के साथ होखे जा रहल राष्ट्रिय जनगणना के खातिर गौर नगरपालिका के गौर, बौधीमाइ नगरपालिका, कटहरिया नगरपालिका के कटहरिया, गरुडा नगरपालिका के गरुडा आ चन्द्रपुर नगरपालिका के चन्द्रपुर मे स्थानीय प्रमुख के उपस्थति मे कार्यालय स्थापना कईल अधिकारी यादव बतवनी ।

गौर नगरपालिका, ईशनाथ नगरपालिका, राजदेवी नगरपालिका, दुर्गा भगवती गाँवपालिका, यमुनामाइ गाँवपालिका, चन्द्रपुर मे स्थापना भईल जनगणना कार्यालय से चन्द्रपुर, गुजरा नगरपालिका, वृन्दावन नगरपालिका मे स्थापना कईल कार्यालय से आपन आपन कार्यालय क्षेत्र भितर रहल पालिका के तथ्यांक संकलन कईल जाई ।

बौधीमाइ, मौलापुर, परोहा नगरपालिका, राजपुर नगरपालिका के स्थापना भईल बौधिमाई नगरपालिका मे कार्यालय से एवं कटहरिया नगरपालिका, फतुवा विजयपुर, देवाही गोनाही नगरपालिका के स्थापना कईल कटहरिया नगरपालिका मे कार्यालय से गणना करेके अधिकारी यादव बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।