प्रअ साह स्कूल मे राजनिती कर रहल बाडन : कुशवाहा

 

प्रभु यादव

बारा ०४ बैशाख

बारा के आदर्शकोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्वर १ चिउटहा मे रहल श्री रामचरित्र माध्यमिक विद्यालय के प्रधानाध्यापक दिनेश प्रसाद साह व्यवस्थापन समिति मे मनोमानी कर रहल जनावल गईल बा ।

विद्यालय व्यवस्थापन समिति मे चुनाव से चयन भईल अभिभावक रूपेन्द्र कुमार कुशवाहा कलैया मे पत्रकार समेलन के आयोजना कर के अईसन सिकायत कईले बानी । माघ १२ गते भईल विधालय व्यवस्थापन समिति के चुनाव से दु जने जनानी आ दु जने पुरुष निर्वाचित भईल रहनी ।

समिति के बईठक मे विना बोलावले प्रअ साह शिक्षा प्रेमी, बुद्धिजीवी, चन्दादाता आ अध्यक्ष चयन कईले बाडन कहके कुशवाहा सिकायत कईले बानी । विधालय मे छात्रवृत्ति बिना जानकारी करवले बाट के विधालय के फेसबुक पर विधालय व्यवस्थापन समिति अध्यक्ष मुन्ना राउत पटेल के नाम राखल जनकारी देखला पर मिटिङ्ग माईनेट के फोटो कापी माग कईला पर आपना से अभद्र व्यवहार कईल कह के साजिस पुर्वक फँसावे के काम कईल गईल साह जनकारी करावले बानी ।

२९ गते पुलिस के जिमा मे पुगा के अभद्र व्यवहार मुद्दा देके फँसावे के काम कईले बाडन प्रअ साह कहत सिकायत व्यवस्थापन समिति सदस्य अभिभावक कुशवाहा कईनी । सुक के दिन सधारण तारीख मे छुटल कुशवाहा पत्रकार समेलन मे अभिभाव लोग आपने सहि जनकारी लेवे खोजला पर लगावल गईल आरोप के बुझ के निश्चित हि मुद्दा के किनारा लगा के आपना के निर्दोष सावित करिहें कहके जनकारी करावले बानी ।

प्रअ साह राजनैतिक दल नेपाली काँग्रेस के पक्षधर बनके चलखेल करहल कुशवाहा आरोप लगवले बानी । प्रअ दिनेश प्रसाद साह से जनकारी लेहला पर चुनाव के वाद पहिलका बईठक मे चुनाव के सफलता के शुभकामना आ दुसरका बईठक के जनकारी करावत सम्पन्न भईल रहल जनकारी करावले बाडन । दुसरका बइठक मे आ तिसरका मे ना आईला पर निर्वाचित ३ जने ना आईला पर शिक्षा नियमावली के मुदाविक गठन पूरा कईले बानी कहके जनकारी करावले बानी ।

चईत २९ गते कुशवाहा आके माईनेट के फोटो कापी माँगला पर नियम पूरा कर के देवे के कहला पर वादविवाद भईल जनकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।