दल बदलल कहत रौतहट के दु मेयर आ ५ जने के उपमेयर के २४ घण्टे स्पष्टिकर

मेवालाल यादव
रौतहट ०५ बैशाख
नेकपा माओवादी केन्द्र रौतहट के दु जने मेयर आ पाँच जने उपमेयर के आजु स्पष्टिकरण पुछले बा ।
नेकपा विभाजन के बाद माओवादी केन्द्र छोड के एमाले के ओली समूह मे गईल कहत नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी माओवादी केन्द्र दु जने मेयर आ पाँच जने उपमेयर के २४ घण्टे स्पष्टीकरण पुछले बा ।
माओवादी केन्द्र रौतहट के कटहरिया नगरपालिका के मेयर शियाराम कुश्वाहा, मौलापुर नगरपालिका के मेयर रिना देवी साह, मौलापुर नगरपालिका के उपमेयर गौरीशंकर जयसवाल, देवाही गोनाही नगरपालिका के उपमेयर परनिया देवी पटेल, फतुवा विजयपुर नगरपालिका के उपमेयर कान्ति देवी महतो, माधवनारायण नगरपालिका के उपमेयर सिमल कुमारी साह आ यमुनामाई गाँवपालिका के उपाध्यक्ष गिता देवी साह के स्पष्टीकरण पुछले बा । उलोग के आजु स्पष्टीकरण पत्र भी देहल बतावल गईल बा । उलोग नेकपा माओवादी केन्द्र से चुनाव लड के मेयर, उपमेयर मे निर्वाचित भईल बाडन । २०७४ साल मे पाँच बरीस के खातिर भईल स्थानीय तह के निर्वाचन के बाद नेकपा माओवादी आ एमाले मिल के नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी बनल रहे । माकिर २०७७ साल मे सर्वोच्च अदालत नेकपा के खारेज कईला के बाद दुनु पार्टी एमाले आ माओवादी फेनु पहिले के अवस्था मे पुगल बा अब नेकपा ना होके साविक एमाले आ माओवादी पार्टी हि कायम भईल बा ।
नेकपा खारेज भईला के बाद माओवादी केन्द्र से चुनाव जित के अभी माओवादी के हि छोडके एमाले मे लागल कहत माओवादी केन्द्र उलोग से २४ घण्टे स्पष्टीकरण पुछले बा ।
चुनाव जितल दल छोडके दोसर दल मे प्रवेस करेवाला के पदमुक्त करेके कानुनी व्यवस्था रहल बा ।
जदि माओवादी केन्द्र परित्याग ना कईले बाडन त २४ घण्टा भितर मे चित बुझेवाला लिखित जवाफ सहित स्पष्टीकरण देवे खातिर पार्टी उ मेयर आ उपमेयरलोग के निर्देशन देहले बा ।
चितबुझेवाला जवाफ ना देवेवाला के पार्टी से हि निस्कासन करके पदमुक्त भी करेके नेकपा माओवादी केन्द्र जनवले बा । एकरा सँगे मेयर सियाराम कुश्वाहा, रिना देवी, उपमेयरलोग गौरीशंकर जयसवाल, कान्ति देवी, सिमल साह, परनिया देवी आ गिता देवी के पद धराप मे भी पडल देखल गईल बा ।
एकरा से पहिले माओवादी केन्द्र दल बदलल कहत रौतहट के संघिय सांसद एवं शहरी विकास मन्त्री प्रभु साह आ प्रदेश सांसद कुन्दन कुश्वाहा के बर्खास्त करत पदमुक्त कईले बा ।






