वीरगंज मे कोरोना संक्रमित जनानी के मृत्यु

वीरगंज ०५ बैशाख
वीरगंज मे एक जने कोरोना संक्रमित जनानी के मृत्यु भईल बा । वीरगंज–१६ नगवा रहेवाला ५१ बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा ।
नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड मे ईलाज के समय मे दिन के १ः४० बजे उनकर मृत्यु भईल डाक्टर निरज सिंह जानकारी देहनी ।
बोखार, खोकी भईला के बाद उनका के शनिचर के दिने ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल लियावल गईल रहे । ईलाज के समय मे उनका के निमोनिया भईल पत्ता लागल रहे । नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट भी पोजिटिभ रहे ।
ईलाज मे संलग्न स्वास्थ्यकर्मी के मुताविक रात के साढे २ बजे तक उनकर अक्सिजन मेन्टेन रहे । साढे २ बजे के बाद हाईफलो अक्सिजन देहला पर भी अक्सिजन कम होत रहे । नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड मे २१ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।
अधिकांश के अक्सिजन लगावेके पडल अस्पताल के कोभिड संयोजक डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी । “अधिकांश के अक्सिजन बाहरसे देवेके पडल बा, ५ जने के त हाईफलो अक्सिजन हि देहल जा रहल बा” उ कहनी ।
दुसरका लहर शुरु भईला के बाद पर्सा मे ई चउथका मृत्यु ह । पर्सा के एक संक्रमित के चितवन मे भी मृत्यु भईल रहे ।
कोरोना संक्रमित के हेलिकोप्टर से काठमाण्डु पठावल गईल
वीरगंज से एक जने कोरोना संक्रमित के ईलाज के खातिर हेलिकोप्टर चार्टर करके काठमाण्डु पठावल गईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–६ के ६१ बरीस के पुरुष संक्रमित ईलाज के खातिर हेलिकप्टरमार्फत काठमाण्डु गईल बाडन । बोखार लागला के बाद जाँच करईला पर उनका कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उनकर स्वास्थ्य अवस्था सामान्य बा ।
मधुमेहसम्बन्धी रोग से पीडित उनका के आउर जोखिम आवे सकेवाला भईला से काठमाण्डु पठावल गईल परिवार जनवले बा ।






