जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा पालिका मुताविक दिन तोक के सेवा दि

वीरगंज ०६ बैशाख,

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा पालिका मुताविक दिन तोक के सेवा प्रवाह करेके भईल बा । सोमार के दिने सूचना जारी करत मंगर से लागु होखेवाला किसिम से पालिका मुताविक सेवा प्रवाह करे लागल बा । पर्सा जिल्ला मे १४ गो पालिका बा ।

एके दिन सभी पालिका से सेवाग्राहीलोग सेवा लेवे अईला पर बेसी भिडभाड देखल गईला से पालिका मुताविक सेवा प्रवाह करेके तालिका बनावल गईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा । बढल कोभिड संक्रमण के जोखिम के ध्यान मे राख के सेवा प्रवाह करे खातिर अईसन कईल प्रशासन के तर्क बा ।

सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ध्रुव गिरीद्वारा जारी सूचना मे भिडभाड व्यवस्थापन करत सार्वजनिक सेवा प्रवाह के आउर व्यवस्थित आ प्रभावकारी बनावे लागल उल्लेख बा । दोसर सूचना जारी ना होखे तक शान्ति सुरक्षा, मुद्धा तथा अत्यावश्यक सेवा बाहेक आउर सेवासब तालिका मुताविक हि प्रवाह होखेके सूचना मे उल्लेख बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे एतवार आ सोमार के दिने ९ गो पालिका के सेवाग्राही सेवा मिली । कालिकामाई, जगरनाथपुर, ठोरी, पकाहामैनपुर, सखुवाप्रसौनी, छिपहरमाई, जिराभवानी, धोबीनी, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के सेवाग्राही के एतवार आ सोमार के सेवा मिली ।

मंगर आ बुध के चार पालिका के सेवाग्राही सेवा मिली । पर्सागढी, बहुदरमाई, पोखरिया नगरपालिका आ बिन्दबासिनी गाँवपालिका के बासिन्दा मंगर आ बुध के दिने सेवा लेसकत बाडन आ बियफे आ शुक के दिने वीरगंज महानगरपालिका के सेवाग्राही के खातिर छुट्यावल गईल बा ।

२५ जने से बेसी भेला ना होखेके, मास्क आ सामाजिक दुरी कायम करे खातिर निर्देशन देवेके प्रशासन मे सेवाग्राही के अत्याधिक भिड हो रहल सिकाईत आवत रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।