प्रेस चौतारी नेपाल नव निर्वाचित पदाधिकारी आ सदस्यलोग के सम्मान कईलख

वीरगंज ०८ बैशाख
प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा आजु नेपाल पत्रकार महासंघ के नव निर्वाचित पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के सम्मान कईले बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभाहल मे आयोजित कार्जक्रम मे केन्द्र, प्रदेश आ जिल्ला मे निर्वाचितलोग के सम्मान कईले बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी नेकपा एमाले के राष्ट्रिय सभा के संसदीय दल के नेता तथा प्रदेश नम्बर २ के प्रदेश सचिव सुमन प्याकुरेल नवनिर्वाचित पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के अबिर आ गम्छा से सम्मान कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे नेता प्याकुरेल पत्रकार समाज के अभिन्न अंग भईला से सत्य तथ्य समाचार लिख के जनता के सूचना देवे खातिर निहोरा करत उ प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से कईल बढिया काम के बारेमे कलम चलावे खातिर पत्रकारलोग से निहोरा कइनी ।
कार्जक्रम मे संविधान सभा सदस्य राजकुमार गुप्ता, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सचिव दिपेन्द्र चौहान, केन्द्रीय सदस्य केसी लामिछाने, पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, उपाध्यक्ष युवराज खडका, नेकपा एमाले पर्सा के अध्यक्ष प्रभु हजरा, प्रेस चौतारी के सल्लाहकार महेश दास, नेपाल प्रेस युनियन के अध्यक्ष राम नारायण कुर्मी, वान के महासचिव आरसी यादव लगायत के लोग शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।
प्रेस चौतारी पर्सा के अध्यक्ष श्याम बन्जारा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन बिजय भन्डारी कईले रहनी ।





