प्रदेश २ के नाम ‘जानकी’ राखे खातिर एमाले दर्ता करवलख प्रस्ताव

जनकपुरधाम ८ वैशाख

नेकपा एमाले प्रदेश २ के नाम जानकी राखे खातिर प्रस्ताव दर्ता करवले बा । प्रदेशसभा सचिवालय प्रस्ताव आह्वान कईला के बाद नेकपा एमाले प्रदेश के नाम जानकी राखे खातिर प्रस्ताव दर्ता करवले बा । एमाले संसदीय दल के नेता शत्रुधन महतो प्रदेश के नाम जानकी आ स्थायी राजधानी जनकपुरधाम होखेके कहके प्रस्ताव दर्ता करावल बतवनी ।

उनका मुताविक जनकपुरधाम सहित पश्चिम मे मिथिला माध्यमिकी परिक्रमा सडक, पूर्व मे कमला नदी, उत्तर मे ढल्केबर आ दक्षिण मे भारतीय सीमा तक के क्षेत्र के राजधानी प्रस्ताव कईल बा ।

एकरा से पहिले २०७६ साल मे पहिलका बेर प्रदेश के नामाकरण आ राजधानी तोकेके प्रक्रिया शुरु कईला पर एमाले सहित के तत्कालीन नेकपा प्रदेश के नाम जानकी आ स्थायी राजधानी जनकपुरधाम राखे खातिर प्रस्ताव दर्ता करवले रहे ।

एकरा से पहिले प्रदेश के नाम मधेश आ स्थायी राजधानी जनकपुरधाम होखेके कहत सत्तारुढ जनता समाजवादी (जसपा) आ नेकपा माओवादी केन्द्र अलग अलग रुप मे प्रस्ताव दर्ता करवले बाडन ।

नाम आ स्थायी राजधानी के खातिर दु तिहाइ बहुमत के जरुरत पडी । प्रदेश २ के कुल १०७ सांसद मेसे ६९ जने हस्ताक्षर कईला मे नाम आ स्थायी राजधानी तोक सकता ।

प्रदेशसभा मे सत्तारुढ जसपा के ५५, नेकपा एमाले के २१, नेपाली कांग्रेस के १९, माओवादी केन्द्र के ७ आ नेपाल संघीय समाजवादी पार्टी के एक जने सांसद बाडन । ई मेसे माओवादी केन्द्र कुल ११ मेसे ४ जने के बर्खास्त कईला के बाद प्रदेश २ मे अभी १०३ जने मात्र सांसद बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।