भारत लेजाए लागल २ युवती सहित एक जनानी ठोरी ४ बिजयबस्ती से पकडईली
मेघराज राय
जीराभवानी ०८ बैशाख
चोरालुका के भारत प्रवेश करे लागल २ युवती सहित एक जनानी आजु ठोरी–४ बिजयबस्ती से पकडाईल बाडि ।
आपन घर नुवाकोट जिल्ला के तादी गाँवपालिका वार्ड नं. १ बतावेवाला दु जने अन्दाजी २५÷२६ बरीस के युवती आ उलोग के भारत के लद्दाख मे रहल काली मन्दिर घुमावे लेजारहल बतावेवाली अन्दाजी ४२ बरीस के जनानी के प्रहरी चौकी बिजयबस्ती पकडले बा ।
दु युवती सहित अधबैंसे जनानी हरेक सवाल के शंकास्पद जवाफ देवे लागला के बाद पकडल गईल चौकी बिजयबस्ती जनवले बा । भारत जाए खातिर गाडी ना मिलल आ बिजयबस्ती के एक युवा के मोटरसाइकल मे नरकटियागंज पुगावेके निहोरा कईला के बाद शंका लाग के उ युवक पुलीस मे खबर कईले रहलन ।
प्रहरी चौकी बिजयबस्ती मे सामान्य पुछपाछ कईला पर उ युवतीलोग आपन घर मे भी जानकारी ना देके आईल पत्ता लागला के बाद उलोग के आउर अनुसन्धान के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बीरगंज पठावल गईल प्रहरी चौकी बिजयबस्ती जनवले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय बीरगंज पुगईला के बाद आउर जानकारी होखेके इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी जनवले बा ।






