वीरगंज मे आजु एक दिन मे ९० संक्रमित थपईलें

वीरगंज ११ बैशाख
वीरगंज मे आजु एक दिन मे ९० जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा । नारायणी अस्पताल मे शनिचर के सँझिया १४० जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर ९० जने मे संक्रमण मिललल बा ।
कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद वीरगंज मे एके दिन एतना बेसी संख्या मे संक्रमित थपाईल बाडन । शनिचर के दिने संक्रमण मिलल ९० जने मेसे पर्सा जिल्ला के ६५ जने बाडन । बारा के २२ जने आ रौतहट के तीन जने मे भी संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डा सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले शुक के सँझिया भी वीरगंज मे आउर ८६ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण पुष्टि भईल रहे । नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे शुक के सँझिया १३९ जने के पीसीआर परिक्षण कईला पर ८६ जने मे संक्रमण मिलल रहे । उ मेसे पर्सा जिल्ला के मात्र ६७ जने रहलन ।
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे अभी ३२ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । उ मेसे एक जने के भेन्टिलेटरमे ईलाज हो रहल बा आ आउर अधिकांश के अक्सिजन लगाके राखल डा दास जानकारी देहनी ।






