प्रदेश २ सरकार जनस्वास्थ्य मापदण्ड पालना करावे खातिर कडा रुप मे प्रस्तुत होखी

जनकपुरधाम ११ वैशाख
प्रदेश २ सरकार संघीय सरकार से बनावल जनस्वास्थ्य सम्बन्धी मापदण्ड पालना करावे खातिर कडाइ के साथ प्रस्तुत होखेके जनावल गईल बा ।
मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत जनकपुरधामस्थित आपन निवास मे सर्वदलीय बईठक के आयोजना करत जनस्वास्थ्य मापदण्ड पालना मे कडाइ करेके बतावल गईल बा । बईठक से २५ जने से बेसी सहभागी होखेवाला साँस्कृतिक, धार्मिक, राजनीतिक गतिविधि के स्थानीय प्रशासन के सहजोग मे कडाइ के साथ रोकेके निर्णय कईले बा ।
एहितरे, बईठक से कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर सरकार से चालल कदम के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर सर्वदलीय संयन्त्र गठन कईले बा ।
सामाजिक विकासमन्त्री नवलकिशोर साह के अध्यक्षता मे गठन भईल संयन्त्र मे नेकपा एमाले संसदीय दल के नेता शत्रुधन महतो, नेपाली कांग्रेस संसदीय दल के नेता रामसरोज यादव, नेकपा (माओवादी केन्द्र) संसदीय दल के नेता भरत साह, जनता समाजवादी पार्टी के सचेतक परमेश्वर साह तथा प्रदेशसभा सदस्य रामाशिष यादव सदस्य रहल बाडन ।
बईठक मे मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश सरकार अभी तक चालल कदम के बारे मे जानकारी करावत आउर सहजोग आ सहकार्य के खातिर सर्वदलीय संयन्त्र गठन करेके पडल बतवनी ।






